कम सेक्स करेवाला लोग के 4 प्रकार के बेमारी हो सकता

कम सेक्स करेवाला लोग के 4 प्रकार के बेमारी हो सकता

बढ़त उमर के संगे लोग सेक्स के मामला में लापरवाह ही जाले जबकि कुछ लोग अयीसनों बाड़े जवन कि बड़ उमर में सेक्स कईला के पाप समझेले। कुछ त सेक्स के शरीर के ताकत से जोड़ के देखेले अवुरी मानेले कि सेक्स के चलते शरीर में कमजोरी आ सकता।

लेकिन, अयीसन सोचे अवुरी करेवाला लोग के शायद पता नईखे कि शारीरिक संबंध से दूरी बना के रखला के चलते शरीर प बहुत बाउर असर परेला। सामान्य शारीरिक संबंध जहां एक ओर शरीर के स्वस्थ राखेला उहें कुछ गंभीर बेमारी से बचावे में मदद करेला।

ए बेमारी में कैंसर तक शामिल बा। हालांकि एकर मतलब इ नईखे जादे सेक्स करेवाला लोग के कैंसर के खतरा नईखे, लेकिन सामान्य परिस्थिति में बचाव संभव बा। इहाँ इहो जानल जरूरी बा कि जादे समय तक शारीरिक संबंध ना बनावला प होखेवाला नुकसान के शिकार केहु हो सकता, चाहे उ मर्द होखे, भा औरत।

डिप्रेशन/उदासी
सेक्‍स से परहेज करेवाला पुरुष जहां डिप्रेशन के शिकार हो जाले उहें महिला भी बहुत प्रकार के परेशानी के सामना करेली। एगो अध्ययन के मुताबिक मेलाटोनिन, सेरोटोनीन आ ऑक्सिटोसीन नाम के हॉरमोन आ रसायन पुरूष के वीर्य में होखेला जवन कि महिला के खुश रहे, फुर्तीला रहे अवुरी जवान देखाई देवे में मदद करेला। जबकि ए तीनों के अधिक मात्रा पुरुष प उल्टा असर करेला अवुरी उ उदास रहे लागेले।

रोग से लड़े के क्षमता में गिरावट
अध्ययन से साबित हो चुकल बा सामान्य सेक्स से दूर रहे वाला लोग के मुक़ाबले ए प्रक्रिया के पालन करेवाला लोग में रोग से लड़े के क्षमता जादे होखेला। सप्ताह में कम से कम एक चाहे दु बेर सेक्स करे से इम्युनोग्लोबुलिन ए के बढ़ोतरी होखेला जवन कि रोग से लड़े में मदद करेला।

प्रोस्टेट कैंसर
चूंकि सेक्स के मामला में लापरवाह लोग के रोग से लड़े के क्षमता हो जाला जवना के चलते अयीसन लोग में प्रोस्टेट कैंसर (पौरुष ग्रंथि के कैंसर) के खतरा बढ़ जाला। अमेरिकन यूरोलॉजिकल एसोसियेशन के मुताबिक सामान्य लोग में लापरवाह लोग के मुक़ाबले ए प्रकार के कैंसर होखे के संभावना कम होखेला।

तनाव
एगो अध्ययन के मुताबिक सामान्य प्रक्रिया के पालन करेवाला लोग के मुक़ाबले लापरवाह लोग में तनाव के लक्षण जल्दी अवुरी जादे देखाई देवेला। अध्ययन में कहल गईल कि शारीरिक संबंध बनावला प एंडोर्फीन हॉरमोन मतलब खुश रहेवाला हॉरमोन निकलेला जवन कि तनाव के काबू में राखे में मदद करेला।

  • Share on:
Loading...