आम्रपाली अपना डांस अवुरी अदा से जोरदार धमाका कईली, फिल्म रिलीज से पहिलही हिट गिनाए लागल

आम्रपाली दुबे के ए विडियो के 24 घंटा में लाखों दर्शक देख चुकल बाड़े।

आम्रपाली दुबे के ए विडियो के 24 घंटा में लाखों दर्शक देख चुकल बाड़े।

भोजपुरी सिनेमा के चुलबुली अभिनेत्री अवुरी आइटम सॉन्ग के महारानी कहाए वाली आम्रपाली दुबे फेर एक बेर तहलका मचा देली। अपना अगिला फिल्म के प्रचार खाती जारी एगो गाना के विडियो में आम्रपाली अयीसन धमाल कईली देखेवाला लोग हैरान बाड़े।

फिल्म 'लव के लिए कुछ भी करेगा' के गाना 'आम्रपाली तहरे खातिर' में आम्रपाली दुबे के डांस अवुरी अदा अयीसन बा जवन कि भोजपुरी सिनेमा देखेवाला लोग के बहुत दिन तक याद रही। ऑर्केस्ट्रा स्टाइल में शूट भईल ए गाना के विडियो के मात्र 24 घंटा में 7 लाख से अधिका लोग देख चुकल बाड़े।

ए गाना के लोकप्रियता के देखत आम्रपाली के ए फिल्म के रिलीज से पहिलही हिट मानल जाता। निर्माता सतीश दुबे-सुनील सिंह आ निर्देशक धीरज ठाकुर के फिल्म 'लव के लिए कुछ भी करेगा' के ए गाना में आम्रपाली संगे राजू सिंह माही के भी देखल जा सकता।

आम्रपाली के धमाल मचावत ए गाना के संगीतकार अनुज तिवारी बाड़े जबकि स्वर इंदु सोनाली आ अनुज तिवारी के बाटे। फिल्म के निर्देशक धीरज ठाकुर बतवले कि आम्रपाली दुबे के ए विडियो के चलते फिल्म के बढ़िया प्रतिक्रिया मिलता अवुरी लोग रिलीज के इंतज़ार करतारे।

मालूम रहे कि फिल्म 'लव के लिए कुछ भी करेगा' से पहिले आम्रपाली दुबे के फिल्म 'बार्डर' ईद के मौका प रिलीज होखेवाली बिया। ए फिल्म में आम्रपाली के जोड़ी दिनेश लाल यादव निरहुआ के संगे बाटे।

  • Share on:
Loading...