पत्नी के ससुराल पहुंचा के आवत दामाद के लाश रेलवे लाइन के किनारा मिलल

पत्नी के ससुराल पहुंचा के आवत दामाद के लाश रेलवे लाइन के किनारा मिलल

अपना पत्नी आ दुनो बच्चा के मंगलवार के अपना ससुराल पहुंचा के आवत कान्वाई चालक विक्रम प्रसाद मिश्रा के लाश मंगलवार के झारखंड में जमशेदपुर के गदड़ा में रेलवे लाइन के नजदीक मिलल।

मिलल जानकारी के मुताबिक अपना पत्नी के इलाज लखनऊ में करवला के बाद मोतीहारी पहुंचा के आवत विक्रम प्रसाद मिश्रा (37 साल) के लाश गदड़ा में रेलवे लाइन प मिलल।

बतावल जाता कि मंगलवार के ट्रेन से जमशेदपुर पहुंचल विक्रम प्रसाद मिश्रा बारिगोड़ा के नजदीक चलत ट्रेन से उतरे के प्रयास करत मिश्रा लड़खड़ा के गिर गईले अवुरी ट्रेन के चपेट में आ गईले।

बिक्रम प्रसाद मिश्रा के लाश के पहचान स्थानीय लोग कईले अवुरी तुरंत एकर सूचना उनुका परिवार के देले। सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल उनुकर भाई राजन मिश्रा लाश के पहचान कईले अवुरी घटना के जानकारी परसुडीह थाना के देले।

परसुडीह थाना के पुलिस राजन मिश्रा के बयान प दुर्घटना के मामला दर्ज कईले बिया।

  • Share on:
Loading...