कवना-कवना समस्या के चलते केहु के सेक्स लाइफ बर्बाद हो सकेला

कवना-कवना समस्या के चलते केहु के सेक्स लाइफ बर्बाद हो सकेला

हरेक जोड़ी के जीवन में एगो अयीसन समय आवेला जब अलग-अलग कारण से सेक्स के मुद्दा प सहमति ना बने पावेला। बहुत बेर त लड़ाई-झगड़ा तक होखेला। बहुत बेर पारिवारिक कलह के कारण बन जाला। हालांकि अधिकांश विशेषज्ञ मानेले कि बेडरूम में होखेवाली ए लड़ाई के कारण सेक्स ना होखेला। सेक्स से जुडल मुद्दा प अनबन के प्रमुख कारण दोसर कुछ होखेला।

विशेषज्ञ लोग के मुताबिक बहुत बेर अयीसन होखेला कि एक आदमी त शारीरिक संबंध बनावल चाहत होखे जबकि दुसरका एकरा खाती ना-नुकुर करत होखे। अयीसन तब होखेला जब एक के इच्छा दुसरका के मुक़ाबले जादे होखेला, चाहे एक के रुचि दुसरका से कम होखेला।

कुछ जोड़ी के जीवन में परेशानी के कारण होखेला बातचीत। भारतीय परिवेश में आमतौर प महिला सेक्स खाती ना कहेली अवुरी अपेक्षा राखेली पुरुष ही हमेशा आगे बढ़े। अयीसना में पुरुष अपना इच्छा के मुताबिक कदम उठावेला। नतीजा होखेला कि महिला के अपना इच्छा के मारे के परेला या पुरुष के इच्छा के संगे चले के परेला।

शारीरिक संबंध के प्रेम दर्शावे के तरीका मानल जाला। रसगुल्ला चाहे कवनो मिठाई दु-चार दिन त बढ़िया लागेला, लेकिन बाद में ओकरो से मन भर जाला। एही प्रकार से शारीरिक संबंध के मामला में भी हमेशा नयापन कायम राखे के चाही। लगातार प्रयोग करत रहे के चाही। लेकिन एहिजो समस्या बा। हो सकता कि आपके साथी के आपके प्रयोग ना पसंद आवे अवुरी विवाद हो जाए।

शिक्षा के अभाव भी शारीरिक संबंध के मामला में रुकावट पैदा करेला। लोग गलत चाहे उल्टा-पुलटा जानकारी के मन में बईठा लेवेले अवुरी ओकरे के अंतिम सच्चाई मान के अपना पार्टनर के इच्छा के ठुकरा देवेले।

  • Share on:
Loading...