जदयू 25 जून के जिला स्तर प भाजपा के खिलाफ धरना-प्रदर्शन करी

जनता दल यूनाइटेड 25 जून के भारतीय जनता पार्टी के खिलाफ धरना प्रदर्शन करी।

जनता दल यूनाइटेड 25 जून के भारतीय जनता पार्टी के खिलाफ धरना प्रदर्शन करी।

बिहार में सत्ता के साझीदार भारतीय जनता पार्टी के खिलाफ जनता दल यूनाइटेड मोर्चा खोले के पूरा तैयारी क लेले बिया। पार्टी अपना योजना के तहत राज्य के हरेक विधानसभा क्षेत्र अवुरी जिला में भाजपा के खिलाफ धरना प्रदर्शन करी।

नीतीश कुमार सरकार में जदयू कोटा के मंत्री श्रवण कुमार शुक्रवार के पटना में कहले कि भाजपा के खिलाफ धरना -प्रदर्शन के फैसला जनता के समस्या के देखत भईल बा। श्रवण कहले, 'गठबंधन अपना जगह प बा, जनता के समस्या आ परेशानी अपना जगह बा। भाजपा संगे बेशक हमनी के गठबंधन होखे लेकिन हमनी के जनता प्रति जवाबदेह बानी।'

हालांकि श्रवण कुमार साफ कईले कि 25 जून के जदयू के नेता राज्य के हरेक जिला मुख्यालय प धरना दिहे अवुरी जनता के समस्या के बारे में सरकार के जानकारी दिहे। उ कहले, 'जदयू सरकार के खिलाफ धरना नईखे देत। सरकार के सुझाव देवे खाती धरना के आयोजन करतिया।'

उ कहले कि धरना के फैसला जदयू के झारखंड इकाई कईले बिया, जवना के तहत झारखंड के हरेक जिला में 25 जून के पार्टी के नेता धरना प्रदर्शन करीहे। उ कहले कि झारखंड में पार्टी संगठन के मजबूत करे खाती बहुत जल्दी हरेक विधानसभा क्षेत्र में पार्टी के सम्मेलन होई।

मालूम रहे कि जदयू पहिलही साफ क चुकल बिया कि बिहार में बेशक ओकरा आ भाजपा के बीच गठबंधन होखे, लेकिन बिहार के बहरी उ भाजपा के खिलाफ चुनाव लड़ी।

  • Share on:
Loading...