एंड्रॉयड स्मार्टफोन के भूलाए के चिंता खतम, काहेकी फोन चुटकी बजावते मिल जाई

 गूगल के ए ऐप से क्षण भर में आपके फोन के जानकारी मिल जाई

गूगल के ए ऐप से क्षण भर में आपके फोन के जानकारी मिल जाई

आज के दौर में स्मार्टफोन के भुलाईल बहुत आम बात बा। एही चलते भुलाईल फोन के खोजल बहुत मुश्किल बा। लेकिन अब गूगल ए काम में आपके भरपूर मदद करी। हालांकि एकर मतलब इ नईखे कि गूगल आपके फोन खोज के आपके जेब में ध दिही।

साल 2013 में गूगल 'डिवाइस मैनेजर' नाम के एगो सर्विस प्ले स्टोर के माध्यम से शुरू कईले रहे। एकर मकसद भुलाईल-हेराईल एंड्रॉयड डिवाइस के खोजे में मदद कईल रहे। लेकिन अब गूगल एगो नाया ऐप ले आईल बा जवन कि एंड्रॉयड के नयका वर्शन वाला कवनो स्मार्टफोन में पहिले से लोड रही।

गूगल के ओर से खास तौर प फोन खोजे खाती पेश भईल ए फीचर/ऐप के नाम बा 'फाइंड माइ डिवाइस' (Find My Device)। ए ऐप में कुछ अयीसन फीचर बा जवन कि भुलाईल फोन के खोजे में बहुत कारगर साबित होई।

जदी आपके स्मार्टफोन भूला गईल बा लेकिन इंटरनेट से जुडल बा त 'फाइंड माइ डिवाइस' ऐप आपके ओ फोन के वर्तमान लोकेशन बताई। जदी फोन के बंद क दिहल बा, चाहे इंटरनेट बंद बा त फोन के अंतिम लोकेशन आपके पाता चल जाई।

ए ऐप के माध्यम से आपके पाता चल जाई कि आपके फोन अंतिम बेर चाहे वर्तमान में कवना वाई-फाई से कन्नेक्टेड बा। जदी आप अपना फोन के घर में कतहू ध के भूला गईल बानी अवुरी खोजे नईखी पावत त एकरा में एगो फीचर बा जवना से आपके फोन के घंटी लगातार 30 मिनट तक बाज सकेला।

ए सभके अलावे 'फाइंड माइ डिवाइस' ऐप इहों बताई कि आपके फोन में कतना बैटरी बाचल बा। कुल मिलाके 'फाइंड माइ डिवाइस' ऐप आपके फोन के खोजे में अधिकतम मदद करी। फिलहाल इ ऐप सिर्फ एंड्रॉयड डिवाइस खाती उपलब्ध बा।

  • Share on:
Loading...