जयमाला के स्टेज प दूल्हा अयीसन हरकत कईलस कि 'महाभारत' शुरू हो गईल आ दुल्हिन बियाह करे से माना क देलस

जयमाला के स्टेज प दूल्हा अयीसन हरकत कईलस कि 'महाभारत' शुरू हो गईल आ दुल्हिन बियाह करे से माना क देलस

गाज़ा-बाजा के संगे धूमधाम से बारात लेके पहुंचल दूल्हा जयमाला के मौका के अयीसन हरकत क देलस कि एक ओर त दुल्हिन नाराज़ हो गईल त दोसरा ओर देखे-देखे में जयमाला के स्टेज कुरुक्षेत्र के मैदान बन गईल। पहिले बाराती आपस में मारपीट कईले अवुरी बाद में वर पक्ष आ वधू पक्ष के बीच मारपीट भईल।

माहौल जब शांत भईल त दुल्हन अयीसन काम क देलस कि फेर से हड़कंप मच गईल आ फेर से मारपीट शुरू हो गईल। घटना मऊ जिला में हलधरपुर थाना क्षेत्र के मौलानापुर गाँव में भईल।

मिलल जानकारी के मुताबिक मौलानापुर गांव के निवासी सुभाष अपना बेटी सीमा के बियाह मोहमदाबाद गोहना कोतवाली थाना क्षेत्र के मोहमदाबाद गांव के निवासी चन्दन कुमार से कईले रहले। बतावल जाता कि सीमा के पिता जब तिलक लेके चन्दन के घरे गईल रहले त उहाँ लेनदेन खाती कुछ विवाद भईल रहे।

हालांकि तब त मामला निपट गईल, लेकिन असली बखेड़ा बियाह के दिन जयमाल के स्टेज प खाड़ा भईल। सजधज के गाजा-बाजा संगे चन्दन कुमार मंगलवार के बारात लेके बियाह करे पहुंचल रहले अवुरी उनुकर दोस्त रिश्तेदार नाचत-गावत जयमाला अवुरी द्वारपूजा खाती पहुंचले।

चन्दन जब जयमाला के स्टेज प चढ़ले त बारात पक्ष के कुछ लोग स्टेज प चढ़े खाती आपस में मारपीट करे लगले। बतावल जाता कि मारपीट करत लोग शराब के नशा में रहले। वधू पक्ष आ वर पक्ष के लोग के बीच-बचाव कईला से मामला जल्दीए निपट गईल लेकिन अभी त शुरुआत रहे।

इहाँ से मारपीट क के हटल बारात पक्ष के लोग के नाश्ता के दौरान गांव के कवनो आदमी संगे पानी खाती बतरस शुरू क देले अवुरी फेर मारपीट करे लगले। फेर बीच-बचाव क के मामला शांत करावल गईल।

ऐने जयमाला के स्टेज प हाथ में वरमाला लेके खाड़ा दुल्हिन मारपीट से बहुत दुखी रहली लेकिन उनुकर गुस्सा तब बर्दाश्त से बहरी हो गईल जब उ वरमाला डाले खाती दूल्हा के नजदीक पहुंचली।

दुल्हिन जब दूल्हा के नजदीक पहुंचली त पाता चलल कि दूल्हा नशा में बाटे। अब बर्दाश्त के बांध टूट गईल। दुल्हिन बनल सीमा तुरंत एगो कठोर फैसला कईली अवुरी स्टेज प से ए दूल्हा संगे बियाह ना करे के घोषणा क देली। सीमा कहली कि जवना लईका आ ओकरा साथी के अजूए अयीसन लक्षण बा, उ बाद में का करी समझे के बात बाटे। हम अयीसन किस्म के लईका से बियाह नईखी क सकत।

सीमा के मुंह से ए बात के निकलते दूल्हा के साथी-दोस्त फेर मारपीट शुरू क देले अवुरी अबकी बेर भगदड़ जईसन माहौल बन गईल। अब ना केहु बीच बचाव करे आइल ना केहु दुल्हिन के समझावे गईल। मारपीट कईला के बाद बाचल बाराती दूल्हा समेत अपना-अपना घरे लवट गईले।

  • Share on:
Loading...