योगा करत मोनालिसा के फोटो वायरल, 'शरीर' प ध्यान देवे के सलाह देली

योगा करत मोनालिसा के फोटो वायरल, 'शरीर' प ध्यान देवे के सलाह देली

अंतराष्ट्रीय योग दिवस के मौका प भोजपुरी सिनेमा के 'सेक्स बम' कहाए वाली मशहूर अभिनेत्री मोनालिसा बहुत हॉट अंदाज़ में योग करत लऊकली। अपना फोटो अवुरी अदा से करोड़ों लोग के दीवाना बना चुकल मोनालिस योग दिवस के एगो फोटो अपना इंस्टाग्राम पेज प पोस्ट कईली। फोटो में मोनालिसा के योग करत देखल जा सकता, लेकिन खास मोनालिसा के अंदाज़ में।

Monalisa
योगा करत मोनालिसा के इ फोटो सोश्ल मीडिया प तेजी से वायरल होखता।

आज के चलन के मुताबिक कवनो खास मौका प बहुत फिल्मी कलाकार अवुरी नामचीन लोग आपन-आपन फोटो शेयर करेले अवुरी लोग के उत्साह बढ़ावेले। अयीसना में मोनालिसा कईसे पीछा रह जईती?

Monalisa

योग दिवस के मौका प अपना शरीर प ध्यान देवे के सलाह देत मोनालिसा अंतराष्ट्रीय योग दिवस के बधाई दिहली। मोनालिसा लिखली, "अपना शरीर प ध्यान दिही ... इहे एकमात्र उ जगह बा जहां आपके जीए के बाटे। ... अंतराष्ट्रीय योग दिवस के शुभकामना।"

Monalisa

सोश्ल मीडिया प तेजी से वायरल होखत मोनालिसा के ए फोटो के उनुकर प्रशंसक खूब पसंद करतारे। हालांकि छरहरी काया के मालकिन मोनालिसा के अंदाज़ के तारीफ करेवाला लोग के देश में कमी नईखे।

Monalisa

दक्षिण भारतीय सिनेमा के अंतरा विश्वास से भोजपुरी सिनेमा के मोनालिसा बनल ए अभिनेत्री के अब बांग्ला वेब सिरीज़ में भी खूब पसंद कईल जाता। टीवी रियलिटी शो 'बिग बॉस' के सेट प अपना प्रेमी विक्रांत सिंह राजपूत संगे बियाह रचावे वाली मोनालिसा अभी तक तमिल, हिन्दी, तेलुगू, बांग्ला, कन्नड अवुरी ओड़िया के सैकड़ों फिल्म में काम क चुकल बाड़ी।

हालांकि बियाह के बाद से मोनालिसा अपना काम के लेके तनिका जादे गंभीर हो गईल बाड़ी अवुरी अब गिनल-चुनल प्रोजेक्ट में देखाई देतारी।

  • Share on:
Loading...