पांच लईकी संगे सामूहिक बलात्कार, चार लईकी लापता, पुलिस के हिम्मत जवाब दे गइल

पांच लईकी संगे सामूहिक बलात्कार, चार लईकी लापता, पुलिस के हिम्मत जवाब दे गइल

पलायन अवुरी मानव तस्करी के खिलाफ जागरूकता अभियान के तहत आयोजित एगो कार्यक्रम में भाग लेवे गइल पांच लईकी के कुछ लोग अपना हवस के शिकार बनवले। सामूहिक दुष्कर्म के शिकार भईल पांच में से चार लईकी अभी लापता बाड़ी जबकि एक लईकी कसहूँ भाग के थाना पहुंचल अवुरी घटना के जानकारी देलस।

खूंटी जिला के अड़की थाना के तहत कोचांग में जागरूकता अभियान के तहत आयोजित कार्यक्रम में भाग लिहला के बाद घरे जात एगो निजी संस्था के पांच लईकी के कुछ लोग घेर के नजदीक के जंगल में ले गईले अवुरी डेरवा-धमका के बारी से दुष्कर्म कईले।

एह बीच एक लईकी उहाँ से भाग के थाना पहुंचल अवुरी पुलिस के मामला के जानकारी देलस। घटना के पुष्टि करत एसपी अश्विनी सिन्हा ने कहले कि बुधवार के रात में एक लईकी के मेडिकल जांच करावल बा जवना में सामूहिक दुष्कर्म के पुष्टि भईल बा। पुलिस मामला के जांच में जुटल बिया।

थाना पहुंचल लईकी पुलिस के बतवलस कि कार्यक्रम के बाद जब उ लोग लवटत रहली त करीब 10 युवक हथियार के नोक प ओ लोग के अपहरण क लेले अवुरी नजदीक के जंगल में ले जा के बारी-बारी से सभ लईकी संगे दुष्कर्म कईले।

पुलिस ए घटना के बाद से लापता बाकी चार लईकी के तलाश में जुटल बिया, हालांकि अंतिम सूचना मिले तक पुलिस के हाथ खाली रहे। पुलिस के कहनाम बा कि जवना जंगल में अपराधी दुष्कर्म के घटना के अंजाम देले बाड़े, उ जंगल पूरा तरीका से नक्सली लोग के प्रभाव में बाटे। एहीसे पुलिस अभी तक घटना के जगह तक नईखे पहुंचल।

पुलिस सूत्र के मुताबिक ए जंगल में आज तक जब-जब पुलिस टीम गइल बिया नक्सली पुलिस टीम के बंधक बना के हथियार छिन लेले बाड़े अवुरी बहुत बेर त हत्या क देले बाड़े। अब पुलिस के सोझा सबसे बड़का सवाल बा कि ए जंगल में के जाई अवुरी कईसे जाई।

  • Share on:
Loading...