स्टेज अवुरी 'बिग बॉस' में धमाल क चुकल सपना चौधरी अब राजनीति में उतरे के तैयारी कईली

स्टेज अवुरी 'बिग बॉस' में धमाल क चुकल सपना चौधरी अब राजनीति में उतरे के तैयारी कईली

टीवी के चर्चित रियलिटी शो 'बिग बॉस' से पूरा देश में पहचान बनावे वाली हरियाणा के मशहूर डांसर सपना चौधरी बहुत जल्दी राजनीति के मंच प देखाई दिहे। शुक्रवार के दिल्ली में कांग्रेस मुख्यालय पहुंचल सपना चौधरी सोनिया गांधी अवुरी अशोक गहलौत से मिले के समय मंगले बाड़ी।

कांग्रेस के पूर्व राष्ट्रीय सचिव जयकिशन के संगे दिल्ली के कांग्रेस मुख्यालय पहुंचल सपना चौधरी कहली कि उ चुनाव नईखी लड़ल चाहत लेकिन कांग्रेस पार्टी खाती देश भर में प्रचार करे के इच्छुक बाड़ी।

सपना कहली कि उ पार्टी के पूर्व अध्यक्ष सोनिया गांधी अवुरी पार्टी महासचिव अशोक गहलौत से मिले के समय मंगले बाड़ी। हालांकि सपना साफ कईली कि उ चुनाव लड़े के इच्छा नईखी राखत।

कांग्रेस पार्टी से अपना लगाव के बारे में बतावल सपना चौधरी कहली कि उनुका प्रियंका गांधी बहुत पसंद बाड़ी अवुरी उ प्रियंका के संगे काम कईल चहतारी। उ कहली कि "हम कांग्रेस पार्टी खाती देश भर में प्रचार कईल चाहतानी अवुरी जल्दीए कांग्रेस पार्टी में शामिल हो जाइब।"

हरियाणा अवुरी पश्चिमी उत्तर प्रदेश में खास पहचान राखेवाली सपना चौधरी के देश भर में हर उमर के लाखों-करोड़ों प्रशंसक बाड़े। हरियाणवी लोक गीत से डांसर, डांसर से बिग बॉस, आ बिग बॉस से सिनेमा तक के सफर क चुकल सपना चौधरी फिलहाल बॉलीवुड अवुरी क्षेत्रीय भाषा के फिल्म में काम करतारी।

  • Share on:
Loading...