प्रेमी के हत्या करेवाली प्रेमिका के कोर्ट उम्रकैद के सजा सुनवलस

प्रेमी के हत्या करेवाली प्रेमिका के कोर्ट उम्रकैद के सजा सुनवलस

अपना प्रेमी के हत्या करेवाली एगो महिला के बोकारो के एगो अदालत उम्रकैद के सजा सुनवलस। हत्या करे वाली महिला के नाम सबिया बतावल जाता। बतावल जाता कि सबिया आपन प्रेमी आजाद अंसारी के हत्या क देले रही।

जानकारी के मुताबिक 17 मई, 2015 के ए घटना के बाद आजाद के पत्नी रेहाना खातून, सबिया प हत्या के केस दर्ज करवले रही। तीन साल चलल सुनवाई के बाद आखिरकार प्रथम अपर सत्र न्यायाधीश रंजीत कुमार के अदालत शनिवार के सबिया के उम्रकैद के सजा सुना देलस।

  • Share on:
Loading...