खेसारी लाल के इ विडियो मात्र एक सप्ताह में 40 लाख लोग के दीवाना बना देलस

खेसारी लाल के इ विडियो मात्र एक सप्ताह में 40 लाख लोग के दीवाना बना देलस

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार गायक अवुरी अभिनेता खेसारी लाल यादव के अगिला फिल्म 'राजा जानी' के ट्रेलर रिलीज होखला के मात्र एक सप्ताह में धूम मचा देलस। सिर्फ एक सप्ताह में ए फिल्म के ट्रेलर के अलग-अलग यूट्यूब चैनल प 40 लाख से जादे लोग देख चुकल बाड़े।

एक्शन, रोमांस प डांस का तड़का वाली खेसारी लाल यादव के ए फिल्म के खास तौर प पारिवारिक दर्शक के ध्यान में राख़ के बनावल बा। फिल्म 'राजा जानी' में खेसारी के धनिया, माने जोड़ीदार बाड़ी प्रीति बिस्वास।

हालांकि फिल्म के अधिकांश एक्शन अवुरी लटका-झटका प दक्षिण भारतीय सिनेमा के छाप देखाई देखाई देता, लेकिन फिल्म के कहानी अवुरी ओकरा देखावे के तरीका एकदम भोजपुरिया बाटे।

फिल्म का गाना 'ऐ राजा जानी हमरा चढ़ल जवानी...', 'वीडियो कैमरा वाला...' पहिलही हिट हो चुकल बा। फिल्म में खेसारी लाल अवुरी प्रीति के अलावे देबोस्मिता, आनंद मोहन, गोपाल रॉय, संजय महानंद, नीलम आ देव सिंह जईसन कलाकार बाड़े।

त फिल्म के ट्रेलर के देखी अवुरी बताई कि खेसारी के ए फिल्म से कईसन आशा बाटे।

  • Share on:
Loading...