दिनेश लाल यादव के 'घूंघट में घोटाला' से 13 जुलाई के पर्दा उठ जाई

 फिल्म  'घूंघट में घोटाला' में मुख्य भूमिका प्रवेश लाल यादव, मणि भट्टाचार्य आ ऋचा दीक्षित के बाटे।

फिल्म 'घूंघट में घोटाला' में मुख्य भूमिका प्रवेश लाल यादव, मणि भट्टाचार्य आ ऋचा दीक्षित के बाटे।

मशहूर गायक अभिनेता दिनेश लाल यादव 'बार्डर' के बाद अब 'घूंघट में घोटाला' कईले! हैरान होखे के जरूरत नईखे। दिनेश लाल यादव के प्रॉडक्शन हाउस 'निरहुआ एंटरटेनमेंट' के अगिला फिल्म के नाम बा - 'घूंघट में घोटाला', जवन कि 13 जुलाई के देश भर के सिनेमा घर में रिलीज होई।

फिल्म 'घूंघट में घोटाला' के एगो सीन में मणि भट्टाचार्य

फिल्म के निर्माता दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' सोश्ल मीडिया प 'घूंघट में घोटाला' के ट्रेलर के विडियो जारी करत कहले कि हॉरर कॉमेडी के थीम प बनल ए फिल्म में गांव के एगो अयीसन युवक के कहानी बिया, जवन कि दिन-रात रोमांस के सपना देखता। एक दिन ओ युवक के जीनिगी में एगो लईकी आवतिया, प्रेम प्रसंग शुरू होखता लेकिन बियाह दोसरा जगह हो जाता।

हालांकि दिनेश लाल यादव ए फिल्म के निर्माता भर बाड़े। ए फिल्म में मुख्य भूमिका प्रवेश लाल यादव, मणि भट्टाचार्य आ ऋचा दीक्षित के बाटे।

दिनेश लाल यादव कहले कि फिल्म में डर के बीच जवन कॉमेडी पैदा होखता, उ भोजपुरिया दर्शक खाती एकदम नया बाटे। फिल्म में एगो आत्मा बिया जवना के चलते डर अवुरी कॉमेडी के जन्म होखता। कुल मिलाके भोजपुरी सिनेमा खाती इ अपना प्रकार के पहिला फिल्म होई।

फिल्म 'घूंघट में घोटाला' के एगो सीन में मणि भट्टाचार्य

फिल्म के कहानी अवुरी निर्देशन मंजूल ठाकुर के बा जबकि संगीत मधुकर आनंद आ रजनीश मिश्रा के बाटे। फिल्म के गीत प्यारे लाल यादव, आजाद सिंह, श्याम देहाती आ ओम अलबेला लिखले बाड़े।

  • Share on:
Loading...