पवन सिंह अवुरी निरहुआ पहिला बेर एक संगे देखाई दिहे, साथ में होईहे आम्रपाली

पवन-निरहुआ-आम्रपाली के तिकड़ी  कुछ दिन पहिले 'भोले बाबा के आशीर्वाद' नाम से एगो गाना रिकॉर्ड कईलस।

पवन-निरहुआ-आम्रपाली के तिकड़ी कुछ दिन पहिले 'भोले बाबा के आशीर्वाद' नाम से एगो गाना रिकॉर्ड कईलस।

आज के दौर के मशहूर गायक अवुरी अभिनेता दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' आ पवन सिंह पहिला बेर एक संगे देखाई दिहे। दुनो सुपरस्टार गायक-अभिनेता के साथ आम्रपाली दुबे दिहे।

सावन के महीना में धूम मचावे खाती तैयार पवन-निरहुआ-आम्रपाली के तिकड़ी कुछ दिन पहिले 'भोले बाबा के आशीर्वाद' नाम के एगो एल्बम खाती एगो गाना रिकॉर्ड कईलस।

कांवर खाती विशेष तौर प तैयार भईल ए एल्बम के बारे में निरहुआ कहले कि 'भोले बाबा के आशिर्वाद' में अईसन गीत बा जवन कि भोले बाबा के भक्तन के झूमे-नाचे प मजबूर क दिही।

उ कहले कि 'निरहुआ म्यूजिक वर्ल्ड' के तहत रिलीज होखेवाला ए गाना के खास क के सावन में कांवर लेके जाए वाला लोग खाती तैयार कईल बा। निरहुआ कहले कि ए गाना में उनुका अलावे पवन सिंह अवुरी आम्रपाली भी सहयोग कईले बाड़ी, जबकि संगीत रजनीश मिश्रा के बाटे।

अपना पछिला फिल्म 'बार्डर' के सफलता से खुश देखाई देत दिनेश लाल यादव फिलहाल अपना अगिला फिल्म 'शेर-ए-हिंदुस्तान' के शूटिंग में व्यस्त बाड़े। ए फिल्म के शूटिंग नेपाल में चलता।

निरहुआ कहले कि 'शेर-ए-हिंदुस्तान' एगो देशभक्ति फिल्म होई, जवना में हिमालय के पार से हिंदुस्तान प हमला करेवाला दुश्मन के प्लानिंग अवुरी ए प्लानिंग के नाश करे के कहानी बिया।

उ कहले कि ए फिल्म में एगो प्रेम कहानी बिया जवन कि हीरो आ एगो नेपाली लईकी के बीच पनपतिया। ए फिल्म में निरहुआ के संगे पहिला बेर एगो नेपाली अभिनेत्री देखाई दिहे। ए अभिनेत्री के नाम नीता धुनगाना बाटे।

  • Share on:
Loading...