बोलेरो बेकाबू होके नदी में गिरल, 6 लोग के मौत, 3 लोग घाही

दुर्घटना में शामिल बोलेरो में ड्राईवर समेत 10 लोग सवार रहले। [फ़ाइल फोटो]

दुर्घटना में शामिल बोलेरो में ड्राईवर समेत 10 लोग सवार रहले। [फ़ाइल फोटो]

मंगलवार के भोर में एगो बोलेरो के बेकाबू होके नदी में गिर जाए से गाड़ी में सवार 6 लोग के मौत हो गईल 3 तीन लोग घाही हो गईले। दुर्घटना नेपाल के सुनसरी जिला में भईल।

मिलल जानकारी के मुताबिक मरेवाला अवुरी घाही भईल लोग बिहार में मधुबनी के घोघरडीहा क्षेत्र के निवासी रहले। ए मामला में नेपाल के पुलिस बोलेरो के ड्राईवर के गिरफ्तार क लेले बिया। बतावल जाता कि दुर्घटना के समय बोलेरो में ड्राईवर समेत कुल 10 लोग सवार रहले।

दुर्घटना के बारे में बतावल जाता कि मधुबनी के घोघरडीहा से नेपाल के विराटनगर घूमे खाती निकलल लोग ओ समय दुर्घटना के शिकार हो गईले, जब ओ लोग के बोलेरो कोसी नदी में गिर गईल।

पुलिस के मुताबिक मंगलवार के भोर में तेजी से विराटनगर के ओर बढ़त बोलेरो रास्ता भटक गईल रहे। अंधेरा होखला के चलते ड्राईवर के हेडलाइट के अंजोर में कोसी नदी के कटाव ना लऊकल उ गाड़ी अचानक नदी में गिर गईल।

ए दुर्घटना में बोलेरो में सवार तीन लोग के जगहे प हो गईल जबकि बाकी तीन लोग के मौत इलाज के दौरान अस्पताल में भईल। दुर्घटना में घाही भईल लोग के सुनसरी के अस्पताल में इलाज चलता जबकि गिरफ्तार भईल ड्राईवर से पुलिस पूछताछ करतिया।

  • Share on:
Loading...