पूर्व मंत्री आ पूर्व विधायक समेत बसपा के 4 नेता पार्टी से बर्खास्त, पार्टी विरोधी कामकाज के आरोप

पूर्व मंत्री आ पूर्व विधायक समेत बसपा के 4 नेता पार्टी से बर्खास्त, पार्टी विरोधी कामकाज के आरोप

बहुजन समाज पार्टी सुप्रीमो मायावती पार्टी विरोधी कामकाज में शामिल चार नेता बसपा से निकाल देली। पार्टी से बर्खास्त होखेवाला लोग में पूर्व मंत्री विनोद सिंह, पूर्व विधायक भगेलूराम के नाम शामिल बा।

बसपा के सुल्तानपुर जिला इकाई के अध्यक्ष डॉ ओमप्रकाश गौतम के ओर से ए चारो नेता प पार्टी के नुकसान पहुंचावे अवुरी भीतरघात करे के आरोप लगावल रहे। गौतम कहले रहले कि इ चारो नेता पार्टी के नुकसान पहुंचावतारे।

मालूम रहे कि विनोद सिंह के कुछ समय पहिले तक मायावती के करीबी लोग में गिनल जात रहे जबकि भगेलूराम तीन बेर विधायक रह चुकल बाड़े।

सुल्तानपुर जिला में कादीपुर विधानसभा क्षेत्र से 1993, 2002 अवुरी 2007 में बसपा के टिकट प जीत के विधानसभा पहुंचल भगेलूराम के संगे-संगे जिला प्रभारी राजमणि वर्मा, तिलकधारी आ विनोद गौतम के सोमवार के पार्टी से निकाल दिहल गईल।

बसपा जिलाध्यक्ष डॉ ओमप्रकाश गौतम के मुताबिक चारो नेता पार्टी विरोधी कामकाज में शामिल रहले अवुरी बार-बार चेतावला के बावजूद ए लोग में कवनो सुधार ना भईल।

ओने बसपा नेता श्यामलाल ए चारो नेता के पार्टी से निकाले के फैसला प कड़ा प्रतिक्रिया देले। उ कहले कि पूर्व विधायक भगेलूराम पार्टी के जमीनी नेता रहले। लेकिन, उ कुछ लोग के घिनावन राजनीति के शिकार भईल बाड़े अवुरी एकर नतीजा 2019 के लोकसभा चुनाव में देखाई दिही।

  • Share on:
Loading...