रेमंड्स बिहार से खादी खरीदी, कंपनी उद्योग विभाग संगे विशेष समझौता कईलस

रेमंड्स बिहार से खादी खरीदी, कंपनी उद्योग विभाग संगे विशेष समझौता कईलस

कपड़ा के मामला में देश के मशहूर ब्रांड 'रेमंड्स' बिहार के खादी खरीदे खाती कुछ दिन पहिले राज्य के उद्योग विभाग के संगे एगो विशेष समझौता कईलस। कपड़ा कारोबार में देश के प्रमुख कंपनी रेमंड्स संगे भईल समझौता के बिहार सरकार एगो बड़ उपलब्धि मानतिया अवुरी खादी उद्योग के बढ़ावा देवे खाती 20 प्रतिशत तक सब्सिडी देवे के फैसला कईले बिया।

बिहार के उद्योग विभाग के अतिरिक्त सचिव प्रदीप कुमार कहले, "सरकार बिहार में खादी उद्योग के बढ़ावा देवे खाती हरेक संभव कोशिश करतिया। एकरा तहत बुनकर के मुफ्त में चरखा दिहल जाता।"

समझौता से जुडल जानकारी देत प्रदीप कुमार कहले, "कवनो संस्था आवे, हमनी के ओकर मदद करे खाती तैयार बानी। खादी के क्षेत्र में बिहार में बहुत संभावना बा। बड़े-बड़े कंपनी बिहार से खादी आ खद्दर खरीदतिया।"

प्रदीप कुमार आगे कहले, "कपड़ा क्षेत्र के दिग्गज कंपनी रेमंड्स अब बिहार से खादी खरीदे के फैसला कईले बिया। इ बिहार खाती बहुत बड़ उपलब्धि बा, एकरा से राज्य के खादी के नाम देश में होई अवुरी एकरे संगे हजारों बुनकर के रोजगार मिली।"

उ कहले कि राज्य सरकार अब एगो नाया खादी नीति प विचार करतिया अवुरी जल्दीए ओकरा प काम शुरू हो जाई। ए नीति के तहत राज्य में खादी के उत्पादन बढ़ावे अवुरी ए कारोबार प 20 प्रतिशत के सब्सिडी देवे के फैसला भईल बा।

राज्य सरकार अब एगो नाया खादी नीति प विचार करतिया अवुरी जल्दीए ओकरा प काम शुरू हो जाई। ए नीति के तहत राज्य में खादी के उत्पादन बढ़ावे अवुरी ए कारोबार प 20 प्रतिशत के सब्सिडी देवे के फैसला भईल बा।

मिलल जानकारी के मुताबिक राज्य खादी के कारोबार के 'जीविका' से जोड़े के तैयारी करतिया। विभागीय सूत्र के मुताबिक नयकी खादी नीति मे 'जीविका' के तहत खादी समिति बनावल जाई अवुरी 'जीविका समूह' के सूत काते के ट्रेनिंग दिहल जाई। जीविका समूह के सूत के राज्य सरकार खरीद के बुनकर के बेची।

विभाग के मुताबिक खादी उद्योग के जीविका से जोड़ देला से एक ओर ए कारोबार के बढ़ावा मिली त दोसरा ओर जीविका समूह से जुडल लोग के कमाई बढ़ जाई।

नयकी खादी नीति के तहत बुनकर के सामाजिक आ आर्थिक योजना से जोड़ा जाई, जवना से ओ लोग अटल बीमा योजना आ राष्ट्रीय स्वास्थ्य बीमा योजना के लाभ मिले लागी। ए दुनो योजना खाती प्रीमियम के भुगतान राज्य सरकार करी।

  • Share on:
Loading...