अक्षरा के दिल के दर्द विडियो में छलकल, कहली - 'जिस पगले को दिल से चाहा ...'

अक्षरा के दिल के दर्द विडियो में छलकल, कहली - 'जिस पगले को दिल से चाहा ...'

भोजपुरिया सुपरस्टार पवन सिंह संगे गायकी के शुरुआत करेवाली भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अभिनेत्री अक्षरा सिंह 'जिस पगले को दिल से चाहा' शीर्षक के संगे एगो म्यूजिक विडियो पेश कईली।

अभिनेत्री के रूप में अलग-अलग प्रकार के भूमिका निभा चुकल अक्षरा सिंह के ए विडियो में देखला अवुरी सुनला प एकदम अलग अनुभव होई। गीतकार मनोज मतलबी के बोल अवुरी संगीतकर अविनाश झा घुँघरू के संगीत से सजल ए विडियो के गीत खुद अक्षरा सिंह गवले बाड़ी।

याद रहे कि अक्षरा-पवन के जोड़ी के भोजपुरी फिल्म अवुरी संगीत के इतिहास के सफल जोड़ी में गिनल जाला। हालांकि पवन सिंह के बियाह के बाद इ जोड़ी टूटत देखाई देता।

प्रेम में बिरह के बतावत ए गीत के विडियो में अक्षरा एगो अयीसन प्रेमिका के भूमिका में बाड़ी, जवन कि केहु से बहुत जादे प्यार करत रहे लेकिन प्रेमी बिना कारण बतवले ओकरा से मुंह मोड़ लेता।

हालांकि गीत हिन्दी में बा, लेकिन एकरा बावजूद भोजपुरिया श्रोता अवुरी दर्शक ए गीत के अर्थ बहुत बढ़िया से समझ सकेले। एकरे नतीजा बा कि यूट्यूब प ए विडियो के मात्र 2 दिन में लगभग 3 लाख लोग देख चुकल बाड़े। असहूँ अक्षरा के प्रेम कहानी भोजपुरी इंडस्ट्री के सबसे चर्चित कहानी रहल बिया।

ए गीत के अलावे अक्षरा के एगो अवुरी गीत आजकल यूट्यूब प धूम मचवले बा। रितेश पांडेय अवुरी अक्षरा सिंह के आवाज़ से सजल ए कांवर गीत के मात्र एकही दिन में 6 लाख से जादे बार देखल जा चुकल बा।

मालूम रहे कि अक्षरा ए समय रितेश पांडेय संगे एगो भोजपुरी फिल्म करतारी जवना के नाम बा - 'राजा राजकुमार'।

  • Share on:
Loading...