मोबाइल में गाना अपलोड करेवाला लोग सावधान, बिना लाइसेन्स अईसन काम कईला प गिरफ्तारी होई
- टीबीएच न्यूज़ |
![दिल्ली से गईल सुपर कैसेट्स इंडस्ट्रीज़ लिमिटेड (टी-सीरीज़) के टीम संगे बिहार पुलिस के टीम करीब आधा दर्जन मोबाइल दोकान प छापामारी कईलस। [फ़ाइल फोटो] दिल्ली से गईल सुपर कैसेट्स इंडस्ट्रीज़ लिमिटेड (टी-सीरीज़) के टीम संगे बिहार पुलिस के टीम करीब आधा दर्जन मोबाइल दोकान प छापामारी कईलस। [फ़ाइल फोटो]](http://img.thebhojpuri.com/Images/100019172/647.8.jpg)
दिल्ली से गईल सुपर कैसेट्स इंडस्ट्रीज़ लिमिटेड (टी-सीरीज़) के टीम संगे बिहार पुलिस के टीम करीब आधा दर्जन मोबाइल दोकान प छापामारी कईलस। [फ़ाइल फोटो]
आज के दौर में मोबाइल में गाना अपलोड कईल आम बात बा। कुछ लोग के त रोज़ी रोटी एकरे से चलता। लेकिन बहुत कम लोग के मालूम होई कि बिना लाइसेन्स के मोबाइल में गाना डालल चाहे राखल कानून अपराध बाटे।
देश के प्रमुख संगीत कंपनी सुपर कैसेट्स इंडस्ट्रीज़ (टी-सीरीज़) के आवेदन प सोमवार के नालंदा जिला के हिलसा में भईल छापामारी में पुलिस बिना लाइसेन्स कंपनी के कॉपीराइट वाला गाना मोबाइल में अपलोड करे के आरोप में करीब आधा दर्जन मोबाइल दोकान से लैपटॉप जब्त कईलस अवुरी दोकानदार के हिरासत में ले लेलस।
पुलिस के मुताबिक सभ आरोपी बिना लाइसेन्स टी-सीरीज़ कंपनी के गाना के मोबाइल में अपलोड करत रहले अवुरी एकरा बदला पईसा लेत रहले।
दिल्ली आईल टी-सीरीज के पदाधिकारी बतवले कि कंपनी के सूचना मिलल रहे कि बिहार के कुछ जिला में कुछ मोबाइल दोकानदार बिना लाइसेंस के मोबाइल में गाना अपलोड करतारे। एही कड़ी में कंपनी के टीम हिलसा पहुंचल रहे, जहां सूचना के पुष्टि के बाद हिलसा पुलिस के सहयोग से छापामारी कईल गइल।
कंपनी के पदाधिकारी बतवले कि छोट मोबाइल दोकानदार खाती कंपनी एगो स्कीम निकलले बिया जवना में 7,000 रुपया के सालाना फीस प दोकानदार के लाइसेन्स देवे के प्रावधान बा।
ए लाइसेंस के धारक साल भर तक कंपनी के कवनो गाना के मोबाइल में अपलोड क सकेले, लेकिन अधिकांश दोकानदार बिना लाइसेन्स के कंपनी का गाना मोबाइल में अपलोड करतारे, जवना के कंपनी के भारी नुकसान पहुंचता।
First Update: 03 July, 2018 08:58 PM