मोरा पिछुअरिया सीरीसिया के गंछिया, ताहि पर बोले बनमोर नु ए राम
- देवेन्द्र कुमार राय |

मोरा पिछुअरिया सीरीसिया के गंछिया,
सीरीसिया के गंछिया हो,
ताहि पर बोले बनमोर नु ए राम।
होत भिनुसरवा जब रोवेला होरीलवा,
अरे रोवेला होरीलवा हो,
सउंसे नगर भईले सोर नु ए राम।
धावल धुपल सासु रानी अईली,
अरे सासु रानी अईली हो,
बहुआ सुलछन बड़ भाग नु ए राम।
होरीला के रुप देखी बोलेली गोतीनीया,
अरे बोलेली गोतीनीया हो,
होरीला ई कुल के अंजोर नु ए राम।
खाढे़ ओसरवा से बोले छोटी ननदी,
अरे बोले छोटी ननदी हो,
हमहुं लिहबि नवलखा हार नु ए राम।
होरीला के बाबा दुअरा अन धन लुटावे,
अरे अन धन लुटावे हो,
सईंया लुटावे मोतीयन हार नु ए राम।
जुग जुग बाढो़ बहुआ तोहरो एहवाती,
अरे तोहरो एहवाती हो,
दुनो कुल के कईलु अंजोर नु ए राम।
राय देवेन्दर ई सोहर सुनावे,
अरे सोहर सुनावे हो,
होरीला जिअसु लाख बरीस नु ए राम।
************************************
देवेन्द्र कुमार राय
ग्राम: जमुआँव, पीरो,
भोजपुर, बिहार
************************************
देवेन्द्र कुमार राय के समूचा गीत आ कविता के पढ़े बदे इहाँ क्लिक करीं
First Update: 04 July, 2018 06:36 PM