6,000 रुपया से कम दाम में पांच शानदार एंड्राइड स्मार्टफोन, फीचर अवुरी कीमत जानि

एक समय बहुत लोग के सपना कहाए वाला स्मार्टफोन आज हरेक आदमी तक पहुँच बना लेले बा। आज बहुत कम कीमत में शानदार फीचर अवुरी लाजवाब लूक के संगे एक-से-बढ़के-एक स्मार्टफोन उपलब्ध बा।

एक समय बहुत लोग के सपना कहाए वाला स्मार्टफोन आज हरेक आदमी तक पहुँच बना लेले बा। आज बहुत कम कीमत में शानदार फीचर अवुरी लाजवाब लूक के संगे एक-से-बढ़के-एक स्मार्टफोन उपलब्ध बा।

एक समय बहुत लोग के सपना कहाए वाला स्मार्टफोन आज हरेक आदमी तक पहुँच बना लेले बा। आज बहुत कम कीमत में शानदार फीचर अवुरी लाजवाब लूक के संगे एक-से-बढ़के-एक स्मार्टफोन उपलब्ध बा। ए कड़ी में इहाँ पांच अयीसन एंड्रायड स्मार्टफोन के चर्चा कईल बा, जेकर कीमत 6,000 रुपया से कम बा, लेकिन फीचर के चलते बहुत लोकप्रिय बाटे।

रेडमी 5A (Xiaomi Redmi 5A)

शाओमी रेडमी 5A

पांच इंच के डिस्प्ले, डबल सिम आ 4G VoLTE सपोर्ट करेवाला ए स्मार्टफोन के कीमत बा मात्र 5,999 रुपया। एंड्राइड 7.0 से लैस ए स्मार्टफोन में 2GB रैम, 16GB इंटरनल मेमोरी बाटे। इंटरनल मेमोरी के एसडी कार्ड के मदद से 128GB तक बढ़ावल जा सकता। 13 मेगापिक्सल के मुख्य कैमरा अवुरी 5 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा वाला ए फोन में 1.3 GHz वाला क्वाड कोर प्रोससेर बाटे, जबकि बैटरी 3000mAh के बिया।

रेडमी 4A (Xiaomi Redmi 4A)

शाओमी रेडमी 4A

कम कीमत में बढ़िया प्रदर्शन करेवाला स्मार्टफोन बनावे खाती मशहूर शाओमी के रेडमी 4A मॉडल में 5 इंच के डिस्प्ले, 1.4GHz के क्वाड कोर प्रोससेर, 2GB रैम अवुरी 16GB के इंटरनल मेमोरी बाटे। इंटरनल इन बिल्ट मेमोरी है और 128 जीबी तक मेमोरी कार्ड सपोर्ट करता है. इंटरनल मेमोरी के एसडी कार्ड के मदद से 128GB तक बढ़ावल जा सकता। 13 मेगापिक्सल के मुख्य कैमरा अवुरी 5 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा वाला ए फोन में बैटरी 3000mAh के बिया अवुरी कीमत बाटे 5,999 रुपया।

कूलपैड A1 (Coolpad A1)

कूलपैड A1

पांच इंच के डिस्प्ले, डबल सिम आ 4G VoLTE सपोर्ट करेवाला कूलपैड ए1 स्मार्टफोन के कीमत बा मात्र 5,510 रुपया। एंड्राइड 7.0 से लैस ए स्मार्टफोन में 2GB रैम, 16GB इंटरनल मेमोरी बाटे। इंटरनल मेमोरी के एसडी कार्ड के मदद से 64GB तक बढ़ावल जा सकता। 8 मेगापिक्सल के मुख्य कैमरा अवुरी 5 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा वाला ए फोन में 1.1 GHz वाला क्वाड कोर प्रोससेर बाटे, जबकि बैटरी 2500mAh के बिया।

माइक्रोमैक्स कैनवस XP 4G (Micromax Canvas XP 4G)

माइक्रोमैक्स कैनवस XP 4G

कैनवस एक्सपी 4जी में 5 इंच के डिस्प्ले, 2000mAh के बैटरी, 1GHz के क्वाड कोर प्रोससेर आ 3GB रैम बाटे। फोन के इंटरनल मेमोरी के क्षमता 16GB बाटे जवना के एसडी कार्ड के मदद से बढ़ावल जा सकता। फोन के मुख्य कैमरा 8 मेगापिक्सल आ फ्रंट कैमरा 2 मेगापिक्सल के बा, जबकि कीमत बा मात्र 5,098 रुपया।

जोलो ईरा 1x (Xolo Era 1X)

जोलो ईरा 1x

पांच इंच के डिस्प्ले, 1GB रैम, 1.3GHz क्वाड कोर प्रोससेर अवुरी 2500 mAh के बैटरी से लैस जोलो ईरा 1एक्स में 8GB के इंटरनल मेमोरी बा, जवना के एसडी कार्ड के मदद से 32GB तक बढ़ावल जा सकता। 8 मेगापिक्सल के मुख्य कैमरा अवुरी 5 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा वाला ए फोन के कीमत बा 5,149 रुपया।

  • Share on:
Loading...