मात्र एक सप्ताह में भारत के विदेशी मुद्रा भंडार में 1.75 अरब डॉलर के गिरावट

मात्र एक सप्ताह में भारत के विदेशी मुद्रा भंडार में 1.75 अरब डॉलर के गिरावट

निर्यात अवुरी भारतीय रुपया के कीमत में गिरावट के चलते मात्र एक सप्ताह में देश के विदेशी मुद्रा भंडार में 1.75 अरब डॉलर के कमी दर्ज भईल।

शुक्रवार के भारतीय रिजर्व बैंक के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक 22 जून के खतम भईल सप्ताह में देश के विदेशी मुद्रा भंडार 407.81 अरब डॉलर के रहे, जवन कि 29 जून के खतम भईल सप्ताह में 406.05 अरब डॉलर तक पहुँच गइल।

भारत के विदेशी मुद्रा भंडार में विदेशी मुद्रा आस्तियां (एफसीए), स्वर्ण भंडार, विशेष निकासी अधिकार (एसडीआर) अवुरी अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष (आईएमएफ) में रिजर्व बैंक के आरक्षित कोष शामिल बा।

रिजर्व बैंक के आंकड़ा के मुताबिक 29 जून के खतम भईल सप्ताह के दौरान एफसीए में 1.78 अरब डॉलर के कमी आईल अवुरी इ 380.71 अरब डॉलर रह गईल। एफसीए में अमेरिकी डॉलर के अलावे करीब 20-30 प्रतिशत बाकी प्रमुख देश के मुद्रा होखेला।

हालांकि एही सप्ताह के दौरान सोना के मामला में बढ़ोतरी भी दर्ज भईल बा। ए सप्ताह में देश के स्वर्ण भंडार 3.8 करोड़ डॉलर के बढ़ोतरी के संगे 21.36 अरब डॉलर तक पहुँच गईल, जबकि एसडीआर के कीमत 52 लाख रुपया घाट के 1.48 अरब डॉलर रह गईल।

ए सप्ताह के दौरान अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष में रिजर्व बैंक के आरक्षित कोष में भी गिरावट आईल उ 87 लाख डॉलर घाट के 2.48 अरब डॉलर रह गईल।

  • Share on:
Loading...