प्रेम प्रसंग के राह में रोड़ा बनल प्रेमिका के भाई के हत्या, प्रेमी अवुरी शूटर गिरफ्तार

प्रेम प्रसंग के राह में रोड़ा बनल प्रेमिका के भाई के हत्या, प्रेमी अवुरी शूटर गिरफ्तार

प्रेम-प्रसंग के राह में रोड़ा बनत प्रेमिका के भाई के एगो युवक हत्या करवा देलस। हैरानी के बात बा कि ए हत्या के अंजाम तक पहुंचावे खाती युवक पेशेवर अपराधी के इस्तेमाल कईलस।

ए मामला में पुलिस युवक अवुरी घटना के अंजाम देवे वाला दु अपराधी में से एक के गिरफ्तार क लेले बिया जबकि दुसरका के गिरफ्तार करे खाती छापामारी करतिया। हत्या एक सप्ताह पहिले भईल रहे।

मामला के खुलासा करत हजारीबाग के डीएसपी बतवले कि दीपक (मरेवाला युवक) के छोटकी बहिन के प्रेम प्रसंग कजरी बस्ती के निवासी प्रेम कुमार भोक्ता से चलत रहे। दीपक लगातार ए प्रेम प्रसंग के विरोध करत रहले अवुरी बहिन के भोक्ता से दूर राखे के प्रयास करत रहले।

दीपक के व्यवहार के जानकारी जब भोक्ता के मिलल त उ दीपक के राह से हटावे के ठान लेले। भोक्ता ए काम खाती पतरातू निवासी रविंद्र गंझू से संपर्क कईले अवुरी 30 हजार रुपया में दीपक के हत्या के सौदा तय क देले।

पुलिस के मुताबिक घटना के दिन दीपक के उनुका दोकान प अकेले देख भोक्ता तुरंत एकर सूचना रविंद्र गंझू के देले। रविंद्र गंझू एगो बाइक से उहाँ पहुंचले अवुरी अंधेरा के फायदा उठावत दीपक के गोली मार के फरार हो गईले।

दीपक के हत्या के मामला में पुलिस प्रेम कुमार भोक्ता अवुरी शूटर रविंद्र गंझू के गिरफ्तार क लेले बिया जबकि ए मामला के एक आरोपी अभी फरार बाटे। पुलिस रविंद्र गंझू के कब्जा से एक पिस्टल आ 2 गोली बरामद भईल बा।

  • Share on:
Loading...