अक्षरा सिंह बिहार में बरिआर ठगी अवुरी धोखाधड़ी के शिकार भईली!

 अक्षरा सिंह के मुताबिक कार्यक्रम में शामिल होखे खाती उ रविवार के सबेरे पटना पहुँच गईल रहली लेकिन आयोजक उनुका के धोखा दे देले।

अक्षरा सिंह के मुताबिक कार्यक्रम में शामिल होखे खाती उ रविवार के सबेरे पटना पहुँच गईल रहली लेकिन आयोजक उनुका के धोखा दे देले।

भोजपुरी सिनेमा में अभिनय के संगे-संगे भोजपुरी गायकी में तहलका मचावत अक्षरा सिंह रविवार के बरिआर ठगी के शिकार भईली। पूरा मामला एगो स्टेज प्रोग्राम से जुडल बा, जवन कि रविवार के खगड़िया में होखेवाला रहे।

ए प्रोग्राम में अक्षरा सिंह के ना पहुंचे से दर्शक हिंसा प उतारू हो गईले अवुरी भारी बवाल कईले। ए मामला में सफाई देत अक्षरा सिंग एगो विडीयो के माध्यम से बयान जारी कईली अवुरी समूचा बात बतवली।

अक्षरा कहली कि प्रोग्राम के आयोजक उनुका संगे त ठगी कईबे कईले, संगे-संगे दर्शक के भी बरिआर धोखा देले। प्रोग्राम में ना पहुंचला खाती माफी मांगत अक्षरा कहली कि कार्यक्रम के आयोजक के लापरवाही अवुरी धोखाधड़ी के चलते दर्शक के परेशानी भईल जवना खाती उ अपना ओर से माफी मांगतारी।

विडियो में अक्षरा कहली, "हम मुंबई के पटना आके इंतज़ार करत रहनी कि कब आयोजक के कॉल आई, लेकिन ना त उ लोग गाड़ी भेजले, ना पेमेंट देले, ना कॉल आइल। एकरे चलते हम खगड़िया ना पहुंचे पवनी। हम बहुत बेर कॉल कईनी लेकिन आयोजक ना त कॉल रिसीव कईले, ना पलट के कॉल कईले।"

अक्षरा आगे कहली, "हम समझ ना पवनी कि आयोजक के मन में का चलता। हमरा संगे अयीसन पहिला बेर भईल बा। ... हमरा लागता कि उ लोग दर्शक के भी धोखा देले। हमार गलती ना रहे, लेकिन तबहूँ हम दर्शक से माफी मांगतानी।"

उ कहली कि उनुका ना मालूम रहे कि खगड़िया में कहाँ जाए के बा, जदी मालूम होइत आ आयोजक से बात हो जाईत त पटना से खगड़िया पहुँच गईल रहिती, लेकिन अयीसन ना भईल।

मालूम रहे कि पटना से खगड़िया के दूरी करीब अढ़ाई सौ किलोमीटर बा। अयीसना में बिना बात भईले, बिना आता-पाता के शायद केहु पटना ना छोड़ी।

याद रहे कि घटना रविवार के सांझ खगड़िया में नगर थाना के तहत जेएनकेटी स्टेडियम में शहीद किशोर कुमार मुन्ना के याद में एगो कार्यक्रम के आयोजन भईल रहे, जवना में अक्षरा सिंह, भोजपुरी गायक रितेश पांडे समेत भोजपुरी सिनेमा के बहुत कलाकार जुटे वाला रहले। जवना के देखे के खाती आयोजक 300 रुपया के टिकट रखले रहले।

#Patna #met #this #humble #gentleman @tejpratapyadavrjd

A post shared by Akshara Singh (@singhakshara) on

रात के 11 बजे तक जब कवनो कलाकार कार्यक्रम में ना पहुंचले त भीड़ बेकाबू हो गईल अवुरी स्टेडियम में लगावल कुर्सी समेत पंडाल अवुरी जेनरेटर में आग लगा देलस। अक्षरा सिंह के बयान एही कार्यक्रम से जुडल बा।

  • Share on:
Loading...