कल्पना पटवारी भाजपा में शामिल भईली, अमित शाह स्वागत कईले

कल्पना पटवारी भाजपा में शामिल भईली, अमित शाह स्वागत कईले

बहुत दिन से जवन अंदाज़ा बयानी होखत रहे, आज उ सच हो गइल। भोजपुरी के मशहूर गायिका कल्पना पटवारी आज पटना में भारतीय जनता के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के मौजूदगी में पार्टी के सदस्य बन गईली।

मनोज तिवारी, भारत शर्मा 'व्यास', पवन सिंह, मालिनी अवस्थी के बाद अब कल्पना भाजपा के झण्डा थाम लेली। हालांकि कल्पना के राजनीति में आवे के चर्चा बहुत दिन से रहे, लेकिन पार्टी के नाम प दुविधा कायम रहे।

आज पटना के प्रदेश कार्यालय में कल्पना के स्वागत भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह कईले अवुरी कहले कि कल्पना के पार्टी में शामिल होखला से पार्टी के मजबूती मिली अवुरी पार्टी के संस्कृति अवुरी मजबूत होई।

मूल रूप से असम के रहेवाली कल्पना ओईसे त बहुत भाषा में गाना गवले बाड़ी लेकिन इनिकर पहचान अजूओ भोजपुरी गीत से बाटे। हालांकि भोजपुरी गीत-संगीत में बढ़त अश्लीलता के विरोध करेवाला लोग लगातार कल्पना के निशाना बनवले बाड़े, केस मुकदमा भी भईल, लेकिन कल्पना आपन गावल कवनो गीत के अश्लील ना मानेली।

कल्पना फिलहाल भिखारी ठाकुर अवुरी कबीर के रचना के गावत अपना छवि के बदले के पुजोर कोशिश करतारी लेकिन उनुकर एगो बयान कुछ दिन पहिले उनुका खाती भारी झमेला खाड़ा क देले रहे।

एकरा अलावे उनुकर गावल कुछ गीत के भोजपुरी के अश्लील गीत के श्रेणी में भी गिनल जाला। अयीसने कुछ गीत के चलते कल्पना आरा, दिल्ली अवुरी चंपारण में कोर्ट-कचहरी के फेरी लगा चुकल बाड़ी।

कल्पना के गावल एगो मशहूर गीत -

पछिला कुछ महीना से कल्पना लगातार सीवान अवुरी चंपारण के दौरा करतारी। अब जबकि कल्पना भाजपा के हिस्सा बन गईल बाड़ी त चर्चा बा कि उ सीवान चाहे चंपारण से लोकसभा के चुनाव लड़िहे। मानल जाता कि भाजपा के ओर से टिकट के बारे में सकारात्मक रुझान मिलला के बादे उ पार्टी के रुख कईले बाड़ी।

  • Share on:
Loading...