खेसारी के गुमान तूरत दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' मुंहतोड़ जवाब देले!

खेसारी लाल यादव अवुरी दिनेश लाल यादव निरहुआ  [फ़ाइल फोटो]

खेसारी लाल यादव अवुरी दिनेश लाल यादव निरहुआ [फ़ाइल फोटो]

भोजपुरी सिनेमा के सबसे लोकप्रिय कलाकार में गिनाए वाला दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' अवुरी खेसारी लाल यादव एकही मुद्दा प अलग-अलग बयान देके हलफ़ा मचा देले। एक ओर खेसारी के बयान से भारी बवाल खाड़ा हो गइल त दोसरा ओर दिनेश लाल यादव के बयान ए बवाल के शांत करे के प्रयास मानल जाता।

बहुत लंबा समय से कहल जाता कि भोजपुरी सिनेमा के चलते भोजपुरी गीत-संगीत के स्तर में गिरावट आवता। संगही कुछ लोग के आरोप बा कि दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' , खेसारी लाल यादव अवुरी पवन सिंह जईसन भोजपुरिया स्टार अश्लीलता फैलावतारे।

एही आरोप प सफाई देत खेसारी एगो बयान में कहले कि "जदी भोजपुरी (भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री) से 'निरहुआ', खेसारी आ पवन के निकाल दिहल जाए त का रह जाई?" उ कहले कि एही तीन स्टार के दम प समूचा भोजपुरी इंडस्ट्री चलतिया।

खेसारी के इ बयान सोश्ल मीडिया प आग निहन पसरल। भारी बवाल खाड़ा भईल। भोजपुरी के विकास अवुरी भोजपुरी के बचावे खाती काम करत लोग खेसारी लाल यादव के काड़ा आलोचना कईले।

अब एही मुद्दा प दिनेश लाल यादव एगो अयीसन बात कहले, जवन कि बहुत हद तक सही बा अवुरी खेसारी के बात से एकदम उल्टा बाटे। शायद उ खेसारी के बयान से पैदा भईल बवाल के शांत करे के प्रयास कईले।

खेसारी के बयान से जुडल एगो सवाल के जवाब में दिनेश लाल यादव कहले, "आज के दौर सभ लोग चलत गाड़ी में सवार भईल बाड़े। लेकिन ए गाड़ी के चलावे खाती अनगिनत लोग मेहनत कईले, खून-पसेना अवुरी पईसा बहवले। ए गाड़ी के एक-दु लोग ना, सैकड़ों लोग अपना मेहनत से आगे खींचतारे।"

दिनेश लाल यादव के बयान के ओ आग के बुतावे के प्रयास मानल जाता, जवन कि खेसारी के बयान से लागल रहे।

  • Share on:
Loading...