सपा सरकार के योजना के भाजपा नाम बदल के उद्धाटन करतिया: अखिलेश

सपा सरकार के योजना के भाजपा नाम बदल के उद्धाटन करतिया: अखिलेश

उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला में शनिवार के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे के शिलान्यास करीहे। शिलान्यास कार्यक्रम से पहिले उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अवुरी समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव भारतीय जनता पार्टी सरकार प हमला बोलले।

अखिलेश यादव लखनऊ में प्रेस कॉन्फ्रेंस क भाजपा प निशाना साधत कहले कि पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे समाजवादी पार्टी के योजना रहे। समाजवादी सरकार ए योजना के समाजवादी पूर्वांचल एक्सप्रेस नाम देले रहे। लेकिन भाजपा सरकार समाजवादी नाम हटा देलस अवुरी एकरा के पूर्वांचल क देलस।

अखिलेश कहले कि समाजवादी सरकार एक्सप्रेस-वे के वाराणसी से जोड़े के काम कईले रहे। अखिलेश ताना मारत कहले कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के धोखा देतारे।

पूर्वांचल एक्सप्रेसवे से प्रधानमंत्री के संसदीय क्षेत्र वाराणसी के काट दिहल गईल मोदी के पता तक ना चलल। पूर्वांचल एक्सप्रेस से बलिया अवुरी वाराणसी के काट दिहल बा। प्रधानमंत्री के धोखा प धोखा दिहल जाता अवुरी उनुका पता तक नईखे चले पावत। उनुका से सिर्फ उद्धाटन करावल जाता।

सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव एक्सप्रेस-वे के उद्धाटन से पहिले कहले कि समाजवादी सरकार के योजना के सरकार अपना नाम से प्रचार करतिया। अखिलेश कहले कि 'समाजवादी पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे' के शिलान्यास पहिलही क चुकल बाड़े। भाजपा अब समाजवादी शब्द के हटा के पूर्वांचल एक्सप्रेसवे के नाम प उद्धाटन करतिया।

उ कहले कि प्रदेश में आज सपा के सरकार रहीत त ई एक्सप्रेसवे बन के तैयार हो गईल रहीत। अखिलेश भाजपा सरकार प हमला बोलत कहले कि प्रदेश कानून में व्यवस्था नाम के कवनो चीज नईखे।

अखिलेश कहले कि आज हमनी से अधिका केकरा खुशी होई कि सपा सरकार के योजना के भाजपा सरकार उद्धाटन करतिया। भाजपा सरकार के लगे उपलब्धि गिनवावे खाती कुछूओ नईखे। ए चलते उ दोसरा के काम के फीता कांटतिया।

मालूम रहे कि पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे उत्तर प्रदेश के 9 जिला से होके गुजरी। जवना के तहत करीब 18 लोकसभा सीट आवेला। यूपी के संगे-संगे बिहार के कुछ सीट प भाजपा के एकर लाभ मिल सकता।

  • Share on:
Loading...