बेटी अपना प्रेमी से बियाह करे खाती जिद्द कईलस, पिता ओकर गरदन रेत के फेंक देलस

पिता आ परिवार के हिंसा के शिकार भईली लईकी के पहचान बिहार के गोपालगंज जिला में विजईपुर थाना क्षेत्र के सुदामा चक गांव के निवासी शंभू के बेटी पुनिता कुमारी के रूप में भईल बा। [स्टॉक फोटो]

पिता आ परिवार के हिंसा के शिकार भईली लईकी के पहचान बिहार के गोपालगंज जिला में विजईपुर थाना क्षेत्र के सुदामा चक गांव के निवासी शंभू के बेटी पुनिता कुमारी के रूप में भईल बा। [स्टॉक फोटो]

नाबालिग बेटी के प्रेम प्रसंग से नाराज़ पिता आ परिवार के लोग सामाजिक प्रतिष्ठा के बचावे खाती अपना हाथ से अपना बेटी के गरदन रेत के जंगल में फेंक देले। बिहार के गोपालगंज जिला से जुडल ए मामला में लईकी के पिता के खिलाफ नामजद प्राथमिकी दर्ज भईल बा।

शनिवार के भोर में बिहार अवुरी नेपाल के सीमा प बसल उत्तर प्रदेश में महाराजगंज के भोथहा जंगल से एगो 16 साल के लईकी बेहोशी के हालत में मिलल। लईकी खून से लथपथ रहे अवुरी ओकरा गरदन से लगातार खून बहत रहे।

स्थानीय लोग से सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल महाराजगंज (उत्तर प्रदेश) के सोहगीबरवा पुलिस लईकी के इलाज खाती तुरंत जिला अस्पताल में भर्ती करवलस, जहां होश में अईला के बाद उ चौंका देवे वाला जानकारी देलस।

होश में अईला में बाद लईकी आपन पहचान बिहार के गोपालगंज जिला में विजईपुर थाना क्षेत्र के सुदामा चक गांव के निवासी शंभू के बेटी पुनिता कुमारी के रूप में बतवलस।

लईकी बतवलस कि उ अपना गांव के एगो युवक से प्रेम करेले अवुरी ओकरा से बियाह कईल चाहतिया, लेकिन ओकर परिवार एकरा खाती तैयार नईखे। लईकी जब बियाह खाती दबाव बनावे लागल त परिवार के लोग ओकरा संगे मारपीट कईले।

घटना के जानकारी देत लईकी बतवलस कि शुक्रवार के रात ओकर पिता समेत परिवार के सभ लोग मारपीट कईले अवुरी बोलेरो में बईठा के मारत-पीटत पहिले कुशीनगर, फेर महाराजगंज ले अईले अवुरी गरदन रेत के फेंक देले। ए दौरान उ बेहोश हो गइल अवुरी जब होश आइल त अपना के अस्पताल में पवलस।

पुलिस के मुताबिक लईकी के पिता मारपीट के बाद ओकरा गरदन रेतले अवुरी मरल समझ के महाराजगंज में सोहगीबरवा थाना क्षेत्र के तहत भोथहा जंगल के किनारा फेंक के फरार हो गईले। चूंकि ओ समय लईकी बेहोश हो गइल रहे एहसे परिवार के लोग के लागल कि उ मर गइल बिया, जबकि उ जिंदा रहे।

गरदन रेत के फेंके के पुष्टि करत महारागंज के एसएसपी आशुतोष शुक्ल बतवले कि होश में अईला के बाद लईकी पुलिस के बतवलस कि ओकर गरदन खुद ओकर पिता अपना हाथ से रेतले रहले।

पुलिस लईकी के बयान के आधार प सोहगीबरवा थाना में आरोपी पिता समेत परिवार के बाकी लोग के खिलाफ नामजद प्राथमिकी दर्ज कईले बिया अवुरी बिहार के गोपालगंज पुलिस एसपी के सूचना भेजत आरोपी लोग के गिरफ्तार करे के मांग कईले बिया।

ओने महाराजगंज के जिला अस्पताल में होश अईला के बाद लईकी के इलाज खाती गोरखपुर रेफर क दिहल बा।

  • Share on:
Loading...