पवन सिंह से ख्याति सिंह बहुत आस लगवले बाड़ी, अपना के खुशनसीब तक माने लागल बाड़ी
- मनोरंजन ब्यूरो |

फिल्म 'बलमुआ तोहरे खातिर' में पवन सिंह आ ख्याति सिंह।
भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार गायक अभिनेता पवन सिंह आ अभिनेत्री ख्याति सिंह के मुख्य भूमिका वाली भोजपुरी फिल्म 'बलमुआ तोहरे खातिर' 27 जुलाई के बिहार, झारखण्ड, गुजरात आ मुंबई के सिनेमा घर में प्रदर्शित होई।
फिल्म से उत्साहित पवन सिंह कहले कि ख्याति सिंह के संगे उनुकर जोड़ी दर्शक के पसंद आई। ख्याति सिंह के शानदार कलाकार बतावत पवन कहले कि हमनी के समीकरण एक बार फिर के बढ़िया मनोरंजन करी। उ कहले कि हमनी के जोड़ी के दर्शक 'लेके आजा बांड बजा ए पवन राजा' में बहुत पसंद कईले, आशा बा कि अबकी ओकरा से बढ़ के प्यार मिली।

निर्देशक दिनेश यादव के फिल्म 'बलमुआ तोहरे खातिर' में काम करे के अपना अनुभव के बतावत ख्याति सिंह कहली कि पवन सिंह ए इंडस्ट्री के सुपरस्टार हवे अवुरी उनुका संगे आज हर कलाकार काम कईल चाहता।
ख्याति कहली, "हम खुशनसीब बानी कि पवन संगे हमें हमरा दोबारा काम करे के मौका मिलल। उम्मीद बा कि दर्शक एक बार फेर हमनी के जोड़ी के पसंद करीहे।" उ कहली कि फिल्म बहुत बढ़िया बनल बिया अवुरी पूरा तरह से पारिवारिक दर्शक के ध्यान में राखत बनावल बिया। फिल्म के सभ गाना हिट बा अवुरी दर्शक के पसंद आवता।

क्रिस्प एग्जिम्प के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म 'बलमुआ तोहरे खातिर' के निर्देशक दिनेश यादव कहले कि फिल्म के कहानी एगो अयीसन महिला के बिया जवन कि अपना पति से बहुत जादे प्यार करतिया लेकिन परिस्थिति कुछ अयीसन बनता कि ओकरा हथियार उठावे के पड़ता।

फिल्म के मुख्य कलाकार में पवन सिंह, ख्याति सिंह, संजय पाडेय, अयाज खान, मनोज टाइगर, सीमा सिंह, करण पांडेय, ग्लोरी मोहन्ता, सोनिया मिश्रा, विनोद मिश्रा, अनारा गुप्ता अवुरी किरण पांडेय के नाम शामिल बा। फिल्म में संगीत अविनाश झा (घुंघरू) के बाटे जबकि गीत आजाद सिंह आ प्यारे लाल लिखले बाड़े।
First Update: 18 July, 2018 08:39 PM