अक्षय कुमार संगे काम क चुकल बॉलीवुड अभिनेत्री सभ हद के पार क गइल!
- मनोरंजन ब्यूरो |

मीनाक्षी कलिता के फिल्मी सफर के शुरुआत अक्षय कुमार – तृषाकृष्णन के मुख्य भूमिका वाली फिल्म 'खट्टा मीठा' से भईल रहे।
अक्षय कुमार – तृषाकृष्णन के मुख्य भूमिका वाली फिल्म 'खट्टा मीठा' से अपना करियर के शुरूआत करे अभिनेत्री मीनाक्षी कलिता हिन्दी फिल्म 'कैक्टस' में बोल्डनेस के सभ हद के पार करत देखाई दिहे।
मीनाक्षी के मुख्य भूमिका वाली ए फिल्म के पोस्टर में उ बिकनी में नजर अईली। फिल्म में एगो बोल्ड भूमिका निभावत मीनाक्षी कहली कि जदी कहानी के सिनेमा के पर्दा प उतारे खाती जरूरी होई त उ कुछूओ करे प तैयार बाड़ी, लेकिन शर्त बा कि उ कहानी के मुताबिक होखे के चाही। मीनाक्षी साफ कईली कि उ सिर्फ देह देखावे खाती कुछ ना करीहे।

प्रियंका चोपड़ा संगे उनुका चर्चित फिल्म 'मैरी कॉम' में काम क चुकल मीनाक्षी कलिता 'कैक्टस' के अलावे निर्माता – निर्देशक नरेंद्र कुमार शर्मा के फिल्म'कमीने आशिक' में भी मुख्य भूमिका निभावतारी। दु हीरो वाली ए फिल्म में बोल्ड प्रेम त्रिकोण के हिस्सा बाड़ी।

बैंक मैनेजर पिता के बेटी अवुरी मूल रूप से असम के निवासी मीनाक्षी के सपना बचपन से बॉलीवुड रहे। टीवी अवुरी बड़े-बड़े फिल्म में छोटे-छोटे भूमिका निभा के आगे बढ़ल मीनाक्षी आज मुख्य भूमिका तक पहुँच गइल बाड़ी।

हालांकि मीनाक्षी के मुख्य भूमिका वाली एको फिल्म रिलीज नईखे भईल, इनिकर बोल्ड अंदाज़ के बॉलीवुड में खूब चर्चा होखता। अयीसना में देखे के होई कि फोटो में बहुत हॉट देखाई देत मीनाक्षी के फिल्म बॉक्स ऑफिस प कतना गर्मी पैदा करतिया।
First Update: 18 July, 2018 09:28 PM