कांग्रेस के सिर्फ एक परिवार के सरकार पसंद बिया: भाजपा
- टीबीएच न्यूज़ |

मध्य प्रदेश के जबलपुर से सांसद राकेश सिंह लोकसभा में भाजपा के ओर से अविश्वास प्रस्ताव प चर्चा के दौरान कांग्रेस प जोरदार हमला बोलले।
मोदी सरकार के खिलाफ पेश अविश्वास प्रस्ताव प चर्चा के दौरान भाजपा के ओर से बोलत पार्टी के वरिष्ठ नेता आ सांसद राकेश सिंह कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में देश के एगो साफ-सुथरा सरकार मिलल, जवन कि भ्रष्टाचार मुक्त शासन देलस।
राकेश सिंह कहले कि कांग्रेस अभी तक घोटाला के राजनीति कईले बिया, जबकि मोदी सरकार देश के करोड़ों लोग के आशा के पूरा करेवाली सरकार बिया। उ कहले कि भाजपा बिना भेदभाव के जरूरत वाला लोग लोग के मदद कईलस। भाजपा सांसद कहले कि मोदी सरकार मानेले कि देश के संसाधन प पहिला हक गरीब के बाटे।
कांग्रेस प दलित तुष्टीकरण के राजनीति करे के आरोप लगावत राकेश सिंह कहले कि कांग्रेस हमेशा दलित के हित बनके वोट बटोरेले जबकि भाजपा के सरकार देश के हरेक समुदाय अवुरी वर्ग ए करोड़ों लोग के आशा के संगे बनल बिया।
तेलुगू देशम पार्टी के ओर से पेश अविश्वास प्रस्ताव प भाजपा सांसद कहले कि "दुर्भाग्य बा कि आज टीडीपी (तेलुगू देशम पार्टी) कांग्रेस के संगे खाड़ा बिया।" अविश्वास प्रस्ताव के बेमतलब बतावत राकेश सिंह कहले कि "कांग्रेस के सिर्फ एक परिवार के सरकार पसंद बिया ... अविश्वास प्रस्ताव ले आवे के कवनों ठोस कारण नईखे।"
एकरा से पहिले आज नवीन पटनायक के बीजू जनता दल (बीजेडी) के सदन से वॉकआउट क के सरकार के राह के अवुरी आसान क देलस। हालांकि ओकरा रहला के बावजूद संख्या बल के हिसाब से सरकार के कवनो परेशानी ना होखेवाला रहे लेकिन बीजेडी के सदन छोड़ देला से आशा बा कि सरकार आसानी से दु तिहाई बहुमत तक पहुँच जाई।
हालांकि अंतिम समय प शिवसेना एगो जोरदार झटका देलस। पार्टी से ओकर से पहिले कहल रहे कि भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के फोन कॉल के बाद उद्धव ठाकरे सरकार के समर्थन करीहे। मानल जात रहे कि शिवसेना सदन से वॉकआउट क के एनडीए में मतभेद के हवा ना दिही, लेकिन फिलहाल पार्टी के सभ सांसद लोकसभा में मौजूद बाड़े।
ओने अविश्वास मत के समर्थन करेवाला दल के नेता कहतारे कि वोटिंग से जादे ए प्रस्ताव प चर्चा के महत्व बा। विपक्ष के नेता कहले कि ए प्रस्ताव प चर्चा के दौरान उ लोग आपन बात जनता के सोझा रखीहे।
First Update: 20 July, 2018 05:40 PM