रवि किशन आ अनारा गुप्ता प प्रधानमंत्री मोदी के जादू चलल, 2019 में भाजपा के सरकार बने के दावा
- मनोरंजन ब्यूरो |

नागपुर में भाजपा खाती रोड शो करत अनारा गुप्ता आ रवि किशन।
भोजपुरी सिनेमा के बेताज बादशाह अवुरी 'मेगा स्टार' के उपाधि पावे वाला रवि किशन आ बोल्ड अभिनेत्री अनारा गुप्ता ए घरी महाराष्ट्र के नागपुर में भाजपा के प्रचार में व्यस्त बाड़ी। याद रहे कि रवि किशन उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव के मौका प भाजपा में शामिल भईल रहले।
हालांकि मौका चुनाव प्रचार के बा लेकिन भोजपुरी जोड़ी के देखे खाती लोग के भीड़ भी खूब जुटता। ए मौका प अनारा कहली कि नरेंद्र मोदी के सरकार दोबारा बने से केहु नईखे रोक सकत। उ कहली कि मोदी सरकार के कामकाज एतना बढ़िया बा कि लोग लगातार मोदी जी के ओर खिंचाईल आवतारे।
ओने भाजपा के स्टार प्रचारक बन चुकल रवि किशन कहले कि नागपुर में होखत चुनाव में सभ सीट प भाजपा के उम्मीदवार जीत हासिल करीहे। इहाँ के सभ उम्मीदवार बहुत बढ़िया आ मजबूत बड़े। सभ लोग मोदी जी के सोच के मुताबिक काम करे के क्षमता राखता।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भाजपा के लोकप्रियता के कारण बतावत रवि किशन कहले कि काम के चलते आज नरेंद्र मोदी के लोकप्रियता बाटे। उ कहले कि एक समय हमरा गांव में सड़क ना रहे, लेकिन भाजपा के सरकार बनला के बाद काया पलट हो गइल। एकरा चलते भाजपा आ नरेंद्र मोदी में लोग के भरोसा बढ़ल बा।
जौनपुर लोकसभा क्षेत्र से 2014 के चुनाव कांग्रेस के टिकट प लड़ेवाला रवि किशन फेर से चुनाव लड़े के सवाल प कहले कि उ राजनीति में सेवा खाती आईल बाड़े, लेकिन पार्टी जवन ज़िम्मेदारी उनुका के दिही, ओकरा के उ पूरा करीहे।
जहां रवि किशन आ अनारा गुप्ता के फिल्मी कैरियर के सवाल बा त अनारा पछिला कुछ समय से फिल्मी पर्दा से दूर बाड़ी जबकि रवि किशन के फिल्मी कैरियर ए समय चरम प बाटे। आज उनुका लगे हिन्दी, तेलगू, कन्नड़ आ भोजपुरी फिल्म के कवनो कमी नईखे। निर्माता के तौर प उनुकर भोजपुरी फिल्म 'सनकी दारोगा' जल्दीए रिलीज होखे वाली बिया।
First Update: 20 July, 2018 07:10 PM