पवन के 'बलमुआ तोहरे खातिर' के आवे में देरी होई, त रानी के 'ज़ीरो बनल हीरो'

पवन सिंह के फिल्म के रिलीज के तारीख आगे बढ़ गईल त रानी चटर्जी के फिल्म के शूटिंग पूरा भईल, ओने खेसारी लाल यादव के 'राजा जानी' के हिट होखला से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में भारी उत्साह बा।

पवन सिंह के फिल्म के रिलीज के तारीख आगे बढ़ गईल त रानी चटर्जी के फिल्म के शूटिंग पूरा भईल, ओने खेसारी लाल यादव के 'राजा जानी' के हिट होखला से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में भारी उत्साह बा।

ए सप्ताह भोजपुरी सिनेमा जगत से तीन बड़ खबर आईल। पहिला खबर बा कि पवन सिंह आ ख्याति सिंह के मुख्य भूमिका वाली भोजपुरी फिल्‍म 'बलमुआ तोहरे खातिर' के रिलीज के तारीख आगे बढ़ गइल।

दूसरा खबर बा कि रानी चटर्जी के फिल्‍म 'जीरो बनल हीरो' के शूटिंग खतम हो गइल बा आ तीसरा खबर बा कि खेसारीलाल यादव के फिल्‍म 'राजा जानी' सफलता के नाया रेकॉर्ड बनावे के ओर बढ़तिया।

पवन सिंह अवुरी काजल राघवानी

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार गायक अभिनेता पवन सिंह आ ख्याति सिंह के मुख्य भूमिका वाली 'बलमुआ तोहरे खातिर' के रिलीज के तारीख कवनो कारण से आगे बढ़ गइल बा। पहिले इ फिल्म 27 जुलाई के रिलीज होखेवाली रहे, लेकिन अब अगस्‍त में रिलीज होई।

रिलीज के तारीख आगे बढला के जानकारी देत फिल्‍म के निर्देशक दिनेश यादव कहले कि रिलीज डेट भलही आगे बढ़ गइल होखे, लेकिन एकरा से फिल्म प कवनो असर ना पड़ी। हालांकि अभी तक सिर्फ अतने कहल जाता कि फिल्म अगस्‍त महीना में रिलीज होई, लेकिन कवना तारीख के होई, एकरा बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल।

फिल्म, 'ज़ीरो बनल हीरो' में रानी चटर्जी अवुरी रजनीकान्त शुक्ला के मुख्य भूमिका बाटे

भोजपुरी सिनेमा के सबसे सफल अभिनेत्री में से एक रानी चटर्जी के अगिला फिल्म, 'ज़ीरो बनल हीरो' के शूटिंग कुछ दिन पहिले आगरा में पूरा हो गईल। फिल्म में रानी के संगे बिहार निवासी रजनीकान्त शुक्ला के मुख्य भूमिका बा। रजनीकान्त के इ पहिला फिल्म होई।

निर्माता सत्‍येंद्र शुक्‍ला आ निर्देशक दीपक त्रिपाठी के फिल्म 'ज़ीरो बनल हीरो' संगे अपना फिल्मी पारी के शुरुआत करत रजनीकान्त कहले कि उनुका परिवार में केहु डॉक्टर बा, त केहु इंजीनियर, उ पहिला आदमी हवे जवन कि कला के क्षेत्र में, खास तौर प सिनेमा के दुनिया में डेग डललस।

रानी चटर्जी जईसन अभिनेत्री संगे काम करे के अनुभव के बतावत रजनीकान्त कहले कि रानी संगे काम कईल हमरा खाती सपना पूरा होखे से कम नईखे। उनुका संगे कम कईल हमार सौभाग्‍य बा अवुरी हम एकरा से बहुत खुश बानी।

खेसारी लाल यादव के मुख्य भूमिका वाली 'राजा जानी' रिलीज के बहुत दिन के बादो भीड़ खिंचतीया।

खेसारी लाल यादव के संगे 'जिला चंपारण' जईसन सुपरहिट फिल्म बनावे वाला निर्माता सुरेन्द्र प्रसाद के फिल्म 'राजा जानी' रिलीज के बहुत दिन के बादो भीड़ खिंचतीया। खेसारी लाल यादव के मुख्य भूमिका वाली 'राजा जानी' के सफलता से उत्साहित सुरेन्द्र प्रसाद कहले कि भलही कुछ लोग भोजपुरी सिनेमा प दाग लगावे के प्रयास कईले, लेकिन भोजपुरी सिनेमा दिन-प-दिन समृद्ध होखता।

सुरेद्र प्रसाद बतवले कि 'राजा जानी' अजूओ शान से सिनेमाघर में टिकल बिया अवुरी दर्शक फिल्म के पसंद करतारे। उ कहले कि फिल्म में खेसारी लाल यादव आ निर्देशक लालबाबू पंडित के मेहनत साफ देखाई देता।

भोजपुरी फिल्‍म 'बलमुआ तोहरे खातिर' में पवन सिंह आ ख्याति सिंह के मुख्य भूमिका बाटे।

भोजपुरी सिनेमा में सतही फिल्म के चलते आवत गिरावट प सुरेन्द्र प्रसाद कहले कि आज भोजपुरी सिनेमा अपना पहचान के मजबूत करे के ओर बढ़ता। आज एक से बढ़के एक फिल्म बनता, हालांकि अभियो बहुत लोग खाती भोजपुरी फिल्म पर्दा प आपन चेहरा देखावे के माध्यम बा। अयीसने शौकिया लोग के चलते ऊटपटाँग फिल्म बनता।

उ कहले 'जिला चंपारण' के बाद 'राजा जानी' के सफलता बतावता कि जदी साफ-सुथरा अवुरी स्वस्थ्य मनोरंजन वाली फिल्म बनावल जाए त दर्शक ओकरा के पसंद करेले। सुरेन्द्र प्रसाद कहले कि हमनी के कोशिश अयीसन फिल्म बनावे के बा जवना से दर्शक अपना के जोड़े पावस अवुरी भोजपुरी फिल्म के गहराई बढ़ सके।

  • Share on:
Loading...