लोजपा कुछ दिन में एनडीए से अलग हो जाई! लेकिन, महागठबंधन में एकरा खाती जगह नईखे

लोक जनशक्ति पार्टी प्रमुख आ केंद्रीय मंत्री रामविलास पासवान।

लोक जनशक्ति पार्टी प्रमुख आ केंद्रीय मंत्री रामविलास पासवान।

पहिले वीणा देवी, अब रामविलास पासवान अवुरी चिराग पासवान। लोजपा नेतृत्व के ओर से होखत बयानबाजी बिहार में एगो नया राजनीतिक समीकरण के संकेत देता। चर्चा बा कि अभी तक एनडीए में रहे के दम भरे वाला पासवान लोकसभा चुनाव से पहिले एनडीए के छोड़ सकतारे अवुरी महागठबंधन में शामिल हो सकतारे।

ओने राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा से बयान से संकेत मिलता कि एनडीए में उनुकर गाड़ी अब पटरी प आ गईल बिया। एह बीच लालू प्रसाद यादव के राष्ट्रीय जनता दल एगो चौंका देवे वाला बयान देलस।

लोजपा के महागठबंधन में शामिल होखे के संभावना प राजद साफ-साफ कहलस कि रामविलास पासवान खाती गठबंधन में जगह नईखे। पार्टी कहलस कि पासवान 'मौसम वैज्ञानिक' हवे, उनुका 2019 के नतीजा देखाई देता, एहीसे उ एनडीए छोड़ल चाहतारे, लेकिन उनुका संगे कवनो प्रकार के गठबंधन ना होई।

राजद विधायक आ प्रवक्ता भाई वीरेंद्र कहले, "महागठबंधन में कवनो प्रकार के वेकेंसी नईखे, इहाँ केहु खाती अब जगह नईखे।" पासवान से जुडल एगो सवाल के जवाब में भाई वीरेंद्र कहले, "मौसम वैज्ञानिक मौसम के अंदाज़ा लगावत रहस... महागठबंधन के हवा बहुत तेज बहता।"

मालूम रहे कि लोजपा के महागठबंधन में शामिल होखे के चर्चा बहुत ज़ोर-शोर से होखता। सबसे पहिले ए चर्चा के हवा खुद चिराग पासवान इ कहत देले कि, "हम अवुरी तेजस्वी बिहार के विकास खाती काम करतानी … जदी संगे काम करे के मौका मिली त जरूर कईल जाई।"

चिराग पासवान के ए बयान के कुछ दिन बाद मुंगेर से लोजपा सांसद वीणा देवी कहली कि बिहार के नीतीश सरकार पूरा तरह से नाकाम बिया, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कवनो लायक नईखन। एकरे संगे उ कहली कि लोजपा के गठबंधन भाजपा संगे बा, जदयू आ लोजपा के बीच कवनो संबंध नईखे।

ए दुनो घटना के बाद सोमवार के रामविलास पासवान अनुसूचित जाति/जनजाति कानून में भईल बदलाव के खिलाफ आंदोलन करे के बात कहले। तीन महीना से अधिक समय बीतला के बावजूद ए मामला में केंद्र सरकार के ओर से कवनो अध्यादेश नईखे आईल, जबकि कानून में बदलाव करे के आदेश देवेवाला सुप्रीम कोर्ट के जज के सरकार नेशनल ग्रीन ट्रिब्यूनल के अध्यक्ष जईसन बड़ पद दे देले बिया।

ओने चिराग पासवान मुजफ्फरपुर के बालिका अल्पावास गृह मामला में बिहार सरकार के घेरले अवुरी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अपना 'सुशासन' वाली छवि के मुताबिक काम करे के सलाह देले। कुल मिलाके पासवान बाप-बेटा के जोड़ी केंद्र अवुरी बिहार के एनडीए सरकार के कामकाज प नाराजगी जतवलस।

एही सभके जोड़त बिहार के राजनीतिक गलियारा में चर्चा बा कि 'मौसम वैज्ञानिक' रामविलास पासवान अब एनडीए में कुछुए दिन के मेहमान बाड़े। हालांकि राजद के बयान के बाद से एगो नया उलझन पैदा होखता।

  • Share on:
Loading...