'मुजफ्फरपुर कांड के मुख्य आरोपी ब्रजेश ठाकुर के सुशील मोदी से संरक्षण मिलता'

तेजस्वी यादव दावा कईले कि मुजफ्फरपुर के बालिका अल्पावास गृह कांड के मुख्य आरोपी ब्रजेश ठाकुर आ सुशील कुमार मोदी के बीच करीबी संबंध बा।

तेजस्वी यादव दावा कईले कि मुजफ्फरपुर के बालिका अल्पावास गृह कांड के मुख्य आरोपी ब्रजेश ठाकुर आ सुशील कुमार मोदी के बीच करीबी संबंध बा।

आज बिहार विधानसभा के कार्रवाई शुरू होखते राजद अवुरी कांग्रेस के सदस्य मुजफ्फरपुर के बालिका अल्पावास गृह मामला में हंगामा शुरू क देले अवुरी सरकार प दोषी लोग के बचावे के आरोप लगावत, सरकार से जवाब के मांग कईले।

उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी प मुजफ्फरपुर के बालिका अल्पावास गृह चलावे वाला एनजीओ के मालिक ब्रजेश ठाकुर संगे करीबी संबंध होखे के आरोप लगावत नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहले कि "मुजफ्फरपुर के घटना के मुख्य आरोपी ब्रजेश ठाकुर के सुशील मोदी से संरक्षण मिलता। ब्रजेश ठाकुर सुशील मोदी के चेम्बर में बईठत रहे।"

विपक्ष के हंगामा प संसदीय कार्य मंत्री श्रवण कुमार कहले कि सरकार मुजफ्फरपुर के घटना प हरेक सवाल के जवाब देवे प तैयार बिया। बशर्ते विपक्ष ए मुद्दा के सही समय प उठावे।

ओने विपक्ष के हमला अवुरी सवाल प उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी सदन के बतवले कि आज जवन लोग हंगामा करतारे, उहे लोग राजबल्लभ यादव के बचवले रहले। उ कहले कि एनडीए सरकार ना त राजबल्लभ यादव के बचाई, ना ब्रजेश ठाकुर के बचाई। सरकार ना केहु के बचावल चाहतिया, ना फंसावल चाहतिया।

सुशील मोदी कहले कि घटना के खुलासा खुद सरकार कईले बिया अवुरी अभी तक ए मामला में शामिल ब्रजेश ठाकुर समेत 10 लोग के गिरफ्तारी हो चुकल बिया। सरकार ए मामला के दोषी लोग के खिलाफ स्पीडी ट्रायल चला के जल्दी से जल्दी अवुरी काड़ा से काड़ा सजा दिअवाई।

उपमुख्यमंत्री कहले कि सरकार ए मामला में हरेक सवाल के जबाब देवे खाती तैयार बिया। सदन समय तय करे, ओ समय प सरकार सभ सवाल के जवाब दिही।

सदन के कार्रवाई शुरू होखे से पहिले नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव ट्वीट क सरकार प दोषी लोग के बचावे अवुरी संरक्षण देवे के आरोप लगवले। तेजस्वी कहले कि बालिका गृह के 40 अनाथ नाबालिग लईकिन के संगे महीनो बलात्कार भईल, ओकनी के बेहोश क के नेता अवुरी अधिकार लगे भेजल गईल।

उ कहले कि बालिका गृह के चलावे वाली एनजीओ के मालिक बहुत पहुँच वाला आदमी ह। नीतीश कुमार ओकरा खाती प्रचार क चुकल बाड़े, जबकि सुशील मोदी ओकरा के अपना चेम्बर में बईठा के मिठाई खीआवत रहले।

तेजस्वी कहले कि एनजीओ के मालिक ब्रजेश ठाकुर 2 अखबार चलावेला, जवना के बहुत कम बिक्री के बावजूद सरकार से करोड़ों रुपया के विज्ञापन मिलेला। उ कहले कि मुख्यमंत्री के तहत काम करेवाला बिहार के जनसंपर्क एवं सूचना विभाग के प्रेस समिति में ब्रजेश ठाकुर सदस्य बाड़े।

  • Share on:
Loading...