सरकार के किसान के कवनों चिंता नईखे, नीतीश आपन कुर्सी बचावे में लागल बाड़े: तेजस्वी

सरकार के किसान के कवनों चिंता नईखे, नीतीश आपन कुर्सी बचावे में लागल बाड़े: तेजस्वी

बुधवार के बिहार विधानसभा में सूखा प विशेष चर्चा के दौरान बिहार के पूर्व उपमुख्यमंत्री अवुरी नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव बिहार के सूखा घोषित करे के संगे-संगे किसान के कर्जा माफ करे के मांग कईले। तेजस्वी कहले कि समूचा राज्य में सुखाड़ के हालात बनल बा। बिहार सरकार के जतना जल्दी हो सके सुखाड़ घोषित करे के चाही।

तेजस्वी कहले कि सरकार समय रहते किसान खाती कुछ ना कईलस। तेजस्वी यादव सरकार के घेरत कहले कि जदी समय रहते किसान खाती कदम उठावल रहित त आज किसान के अयीसन हालत ना रहीत। उ कहले कि किसान के कर्जा के राज्य सरकार माफ करे अवुरी हर संभव मदद करे ताकि किसान के आत्महत्या खाती मजबूर ना होखे के पड़े।

नेता प्रतिपक्ष कहले कि किसान के बचावे के जिम्मेवारी सरकार के होखेला। राज्य सरकार बाढ़ अवुरी सुखाड़ खाती कवनो तैयारी नईखे कईले। किसान के डीजल अनुदान राशि एक महीना पहिले देवे के चाहत रहे। लेकिन अतना दिन से सुतल सरकार के आँख एक महीना बाद खुलल।

तेजस्वी कहले कि मध्यप्रदेश से सही तौर प बिहार के पानी नईखे मिले पावत जबकि मध्यप्रदेश में भाजपा के सरकार बिया, तबहु नीतीश कुमार पानी खाती बात नईखन करत।

नीतीश कुमार प ताना मारत तेजस्वी कहले कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बोलत रहले कि इ डबल इंजन के सरकार ह। एक संगे अइला के बाद विकास के बाढ़ आ जाई। अब हालत अयीसन बा कि बिहार के ना त विशेष राज्य के दर्जा मिलता अवुरी नाही विशेष पैकेज।

सदन के कार्यवाही के शुरूआत में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अवुरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी दुनों सदन में मौजूद नईखन। तेजस्वी दुनों के गैर मौजूदगी प चुटकी लेत कहले कि चाचा कब पलटी मार लिहे ए बात के चर्चा हर जगह होखता। उ आरोप लगवले कि सरकार सिर्फ आपन कुर्सी बचावे खाती काम करतिया।

राजद नेता कहले कि नीतीश कुमार ज़ोर तोड़ में लागल बाड़े। कब कहां जईहे कुछूओ पता नईखे। उ कहले कि सदन में बहस करे के कवन जरूरत बा, बिना देरी कईले बिहार के सुखाड़ घोषित कईल जाए। सरकार सिर्फ जुमलाबाजी करतिया।

उ कहले कि बिहार लगातार पिछड़त जाता तबहु बिहार के विशेष राज्य के दर्जा काहें नईखे मिले पावत। नीतीश कुमार के अब अंतरात्मा नईखे जागत।

  • Share on:
Loading...