अभिषेक से सवाल, तीन साल से काम नईखे त छुट्टी मनावे खाती पईसा काहा से आवता
- टीबीएच न्यूज़ |

अभिषेक बच्चन अपना पत्नी ऐश्वर्या राय के संगे।
ऐश्वर्या राय संगे झगड़ा होखे के खबर के झूठा करार देला के एक दिन बाद मंगलवार के अभिषेक बच्चन फेर एक बेर सोश्ल मीडिया प एगो दुविधा वाली स्थिति में फंस गईले। सोश्ल मीडिया प लोग के सवाल के जवाब देवे खाती मशहूर अभिषेक से एगो यूजर अयीसन सवाल पुछलस, जवना के जवाब दिहल साधारण बात नईखे।
लेकिन, अभिषेक ए सवाल के जवाब बहुत ज़िंदादिली आ नरम शब्द में दिहले। एगो ट्विटर यूजर अभिषेक से पुछलस, "आप 3 साल से काम नईखी करत लेकिन एकरा बादो आपके लगे छुट्टी मनावे खाती पईसा बा! कईसे?"
सीधा-सीधा व्यक्तित्व प हमला करेवाला ए सवाल के जवाब में अभिषेक बच्चन बहुत सरल शब्द में कहले, "सर, फिल्म बनावे आ अभिनय करे के अलावे हमरा लगे दोसर बहुत काम बा। खेल ओकरा में से एक बा।" याद रहे कि अभिषेक बच्चन 'प्रो कबड्डी लीग' के 'जयपुर पिंक पैंथर' टीम के मालिक हवे जबकि 'इंडियन सुपर लीग' के फूटबाल टीम 'चेन्नईन एफ़सी' में पार्टनर बाड़े।
Because, sir, I have several other businesses that I run apart from acting and producing movies. Sports being just one of them.
— Abhishek Bachchan (@juniorbachchan) July 24, 2018
एगो दोसर घटना में एगो ट्विटर यूजर अभिषेक प फेर हमला बोललस। मशहूर बॉलीवुड निर्देशक अनुराग कश्यप के एगो ट्वीट के जवाब में यूजर कहलस, "केके मेनन, जॉन अब्राहम, अभय देओल, नवाज़ुद्दीन सिद्दीकी, विक्की कौशल, मनोज बाजपेयी आ रोनित रॉय ... सभ लाजवाब पसंद। लेकिन अभिषेक बच्चन? इ कवन पागलपन? का आपके करण जोहर वाली बेमारी हो गईल बा? का इ सभ फिल्म स्टार से लगाव के नतीजा ह?"
From K.K.Menon to John Abraham to Abhay deol to Manoj Bajpayee to Nawazuddin sidaqi to Ronit roy to Vicky kaushal...All Great choices. But wtf Abhishek bacchan ? r u suffering from https://t.co/SNng8uqYBR syndrom? Its all about loving the film stars??
— Néìl Kamal (@sabbathatlast) July 24, 2018
सीधा सवाल रहे कि अनुराग कश्यप अपना अगिला फिल्म 'मन-मरजियाँ' में अभिषेक बच्चन के काहें शामिल कईले? ए ट्वीट प प्रतिक्रिया देत अभिषेक कहले, "अरे इ आदमी हमरा के फिल्मस्टार कहता।"
@sabbathatlast @anuragkashyap72 yay, he called me a film star!!! 🕺🕺
— Abhishek Bachchan (@juniorbachchan) July 24, 2018
अनुराग अपना ट्वीट में 'मन-मरजियाँ' उर्फ 'हसबेंड मटेरियल' लिखले रहले, जेकरा प मशहूर अभिनेत्री तापसी पन्नू मज़ाक के अंदाज़ में लिखली, "हसबेंड मटेरियल! बहुत निक लागता।" शायद तापसी के इशारा अभिषेक के ओर रहे।
तापसी पन्नू के ट्वीट के जवाब देत अभिषेक पुछले, "सवाल बा कि 'के' (ह हसबेंड मटेरियल)? हम, विक्की कौशल, की अनुराग कश्यप?"
Question is kaun???? @vickykaushal09 ya main….
— Abhishek Bachchan (@juniorbachchan) July 24, 2018
Or….. @anuragkashyap72
कुल मिलाके अभिषेक बच्चन अपना प्रशंसक से लेके सहयोगी कलाकार तक, आलोचक से लेके निंदक तक बहुत नरमी अवुरी पूरा लगन से जवाब देले अवुरी हमेशा देवेले।
First Update: 25 July, 2018 05:22 PM