कपिल शर्मा संगे बियाह के जिद्द करे वाली लईकी अपना फोटो से सभके होश उड़ा देलस
- मनोरंजन ब्यूरो |

कपिल शर्मा के ऑन-स्क्रीन गर्लफ्रेंड सुमोना चक्रवर्ती।
कॉमेडी के बेताज बादशाह कहाए वाला कपिल शर्मा संगे हर एपिसोड में बियाह करे खाती जिद्द करेवाली सुमोना चक्रवर्ती के कुछ फोटो अवुरी उनुकर हॉट अंदाज़ इंटरनेट प तेजी से वायरल होखता।
Girls just wanna have fun... 🦄🍭💗 #balishenanigans #myvibemytribe #instagirls #nofilter #sexygirls
A post shared by Sumona Chakravarti (@sumonachakravarti) on
टीवी प कपिल शर्मा के गर्लफ्रेंड बने खाती हमेशा सबसे लड़त रहेवाली सुमोना के बोल्ड फोटो अवुरी हॉट अंदाज़ कुछ दिन से चर्चा के विषय बा। विदेश में अपना सखी-सहेली संगे छुट्टी बनावत सुमोना के अंदाज़ ए सभ फोटो में हद के पार करत देखाई देता।
सुमोना के इंस्टाग्राम अकाउंट से जारी भईल ए सभ फोटो में उनुकर अंदाज़ कुछ अयीसन बा, जवन कि हैरान करता। टीवी प सुट-सलवार में लऊके वाली सुमोना कुछ दिन से टीवी से दूर बाड़ी अवुरी बाली में छुट्टी मनावतारी।
A post shared by Urvashi Dholakia (@urvashidholakia9) on
इंस्टाग्राम प पोस्ट भईल ए सभ फोटो में सुमोना के अलावे उनुकर करीबी दोस्त देखाई देतारी। अलग-अलग ड्रेस अवुरी अलग-अलग जगह के फोटो में सुमोना के बहुत ग्लैमरस लऊकतारी, जवना में उनुकर साथ टीवी के एगो अवुरी मशहूर अभिनेत्री उर्वशी ढोलकिया देतारी।
A post shared by Sumona Chakravarti (@sumonachakravarti) on
कपिल शर्मा के अलावे भी कुछ फिल्म आ टीवी धारावाहिक में देखाई दे चुकल सुमोना चक्रवर्ती के पहचान कपिल शर्मा के संगे मिलल। सोनी टीवी के 'कॉमेडी सर्कस' से शुरू भईल दुनो लोग के सफर 'कॉमेडी नाइट विथ कपिल शर्मा' अवुरी 'द कपिल शर्मा शो' तक पहुंचल।
एह बीच सुमोना के 'बडे़ अच्छे लगते हैं' में राम कपूर के बहीन के रूप में देखल गईल। टीवी धारावाहिक के अलावे सुमोना सलमान खान के फिल्म 'किक' में जैकलिन के सहेली, त आमिर खान के फिल्म 'मन' में बाल कलाकार के भूमिका निभवली।
सुष्मिता सेन के प्रेरणास्रोत मानेवाली सुमोना अपना के कपिल शर्मा के सबसे बड़ प्रशंसक मानेली।
First Update: 25 July, 2018 05:52 PM