भोजपुरिया सनी लियोनी के सगाई के फोटो वायरल
- मनोरंजन ब्यूरो |

किशन राय आ सनी सिंह।
भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री में 'भोजपुरिया सनी लियोनी' के नाम से मशहूर अभिनेत्री सनी सिंह के सगाई के चर्चा होखता। ए मामला में कुछ फोटो भी इंटरनेट प धूम मचावता। कहल जाता कि 'गदर 2' जईसन फिल्म के अभिनेता किशन राय से सनी सिंह के सगाई हो गईल बा।

पछिला कुछ दिन से जवना के प्रकार के फोटो इंटरनेट आ सोश्ल मीडिया प घूमता, ओ फोटो में किशन राय एकदम फिल्मी अंदाज़ में सनी सिंह के अंगूठी पहिरावत देखाई देतारे। फोटो के देखत लागता कि ए जोड़ी के भगवान बस एक दूसरा खाती बनवले बाड़े।

लेकिन अब ए फोटो के सच्चाई सोझा आ चुकल बा। फोटो के सच्चाई जनला के बाद बहुत लोग के मन शांत हो गईल बा, जबकि बहुत लोग के उदास चेहरा प मुस्कान आ गईल बा। असल में सनी सिंह आ किशन राय के सगाई के जवन फोटो घूमता, उ एगो फिल्म के एल्बम खाती फ़िलमावल गाना के सीन ह।

सभ के सभ फोटो आशी तिवारी के एल्बम 'दिल ले गइल सवरकी' के एगो गाना के शूटिंग के दौरान के ह। ए गाना में सनी सिंह आ किशन राय एक संगे देखाई देतारे।

फोटो के चलते शुरू भईल अफवाह प आशी तिवारी कहली, "दुनो लोग के जोड़ी बहुत सुंदर लागता, लेकिन इ सभ फिल्मी कहानी के हिस्सा ह।" कहल जाता कि 'दिल ले गइल सवरकी' में किशन राय आ सनी सिंह के समीकरण लाजवाब बा। दुनो लोग बहुत बढ़िया काम कईले बाड़े।

मालूम रहे कि 'ग़दर 2' के बाद अभिनेता किशन राय के तीन फिल्म आवे वाला बा, जवना में से 'सिन्दूर की सौगंध' के शूटिंग पूरा हो चुकल बा, जबकि 'जान की कसम' आ 'चैंपियन' के शूटिंग मुंबई में जारी बाटे। जान की कसम मे किशन राय अवुरी तनुश्री के जोड़ी बिया।
First Update: 25 July, 2018 09:14 PM