5 भोजपुरिया स्टार लोकसभा चुनाव लड़िहे, पार्टी अवुरी सीट के नाम से हो सकता हैरानी

दिनेश लाल यादव 'निरहुआ', खेसारी लाल यादव, पवन सिंह , आम्रपाली दुबे आ कल्पना के अगिला लोकसभा चुनाव के उम्मीदवार बने के संभवना बा।

दिनेश लाल यादव 'निरहुआ', खेसारी लाल यादव, पवन सिंह , आम्रपाली दुबे आ कल्पना के अगिला लोकसभा चुनाव के उम्मीदवार बने के संभवना बा।

अगिला लोकसभा चुनाव प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी समेत सत्ता पक्ष आ विपक्ष खाती त खास होखबे करी, लेकिन एही चुनाव में भोजपुरी सिनेमा के कुछ मशहूर स्टार भी आपन-आपन किस्मत अजमईहे।

मनोज तिवारी, रवि किशन अवुरी नगमा त पहिलही से राजनीति में बाड़ी, लेकिन अबकी बेर दिनेश लाल यादव 'निरहुआ', खेसारी लाल यादव, पवन सिंह, आम्रपाली दुबे आ गायिका कल्पना पटवारी के चुनावी आखाडा में उतरे के पुरजोर चर्चा बा।

उत्तर प्रदेश के विधानसभा चुनाव अवुरी स्थानीय निकाय के चुनाव में समाजवादी पार्टी (सपा) के प्रचार क चुकल दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' के सपा के टिकट प गाजीपुर चाहे आजमगढ़ से चुनाव लड़े के संभावना बा।

निरहुआ के संगे-संगे आम्रपाली दुबे के समाजवादी पार्टी से गोरखपुर चाहे गोरखपुर के आसपास के कवनो लोकसभा क्षेत्र के टिकट मिल सकता। आम्रपाली दुबे कुछ समय पहिले निरहुआ के संगे सपा प्रमुख अखिलेश यादव से भेट करे पहुंचल रहली। सपा से जुड़ल सूत्र के मुताबिक दुनो लोग के टिकट मिले के पुरजोर संभवना बा।

याद रहे कि दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' उत्तर प्रदेश के गाजीपुर जिला के मूल निवासी हवे जबकि आम्रपाली दुबे मूल रूप से गोरखपुर जिला के निवासी हई।

अभी तक उत्तर प्रदेश से लोकसभा के चुनाव लड़े वाला भोजपुरिया स्टार के बात भईल। अब ओ लोग के भी चर्चा क लिहल जाए, जवन कि बिहार से लोकसभा के चुनाव लड़ सकेले।

ए कड़ी में सबसे पहिले नाम बा – पवन सिंह। मूल रूप से बिहार के भोजपुर (आरा) के निवासी पवन सिंह विधानसभा चुनाव के मौका प जीतनराम मांझी के हिंदुस्तानी अवाम मोर्चा के स्टार प्रचारक रहले, लेकिन बाद में भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गईले।

मानल जाता कि भाजपा आरा लोकसभा क्षेत्र से पवन सिंह टिकट दे सकेले। हालांकि इहाँ के वर्तमान सांसद आरके सिंह बाड़े, जवन कि मोदी मंत्रिमंडल में शामिल बाड़े। चर्चा बा कि पार्टी या त आरके सिंह के क्षेत्र में बदलाव करी, भा उनुका के टिकट ना दिही।

खेसारी लाल यादव के फिलहाल राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के परिवार के करीबी के रूप में गिनल जाता। कुछ समय पहिले तेज प्रताप यादव कहले रहले कि अगिला सरकार में उ खेसारी के संस्कृति एवं कला मंत्री के पद दिहे।

बिहार के राजनीतिक गलियारा में चर्चा बा कि खेसारी लाल यादव बिहार के महाराजगंज लोकसभा क्षेत्र से राजद के उम्मीदवार हो सकेले।

ए दुनो गायक-अभिनेता के अलावे गायिका कल्पना पटवारी के नाम भी लोकसभा के संभावित उम्मीदवार के रूप में होखता। मूल रूप से असम के रहेवाली कल्पना के भोजपुरी गायिका के रूप में जानल जाला। बहुत पहिले से अयीसन चर्चा होखता कि कल्पना बिहार के सीवान से लोकसभा क्षेत्र से चुनाव लड़ सकेली।

कुल मिलाके फिल्मी सितारा के चुनावी मैदान में उतरल कवनो नाया बात नईखे। बहुत पहिले से लगभग सभ दल अयीसन करत आईल बा। शत्रुघ्न सिन्हा, अमिताभ बच्चन, विनोद खन्ना, सुनील दत्त, राजेश खन्ना, राज बब्बर, शबाना आज़मी, जया बच्चन समेत अयीसन दर्जनों नाम बा जवन कि सिनेमा के क्षेत्र से निकल के राजनीति, खास तौर प चुनावी मैदान में उतरल अवुरी सफल भईल ।

  • Share on:
Loading...