भोजपुर के लाल, वशिष्ठ नारायण सिंह के जीनिगी फिल्मी पर्दा प उतरी, प्रकाश झा फिल्म बनईहे

गणितज्ञ वशिष्ठ नारायण सिंह के जीवन प प्रकाश झा एगो फिल्म के निर्देशन करीहे।

गणितज्ञ वशिष्ठ नारायण सिंह के जीवन प प्रकाश झा एगो फिल्म के निर्देशन करीहे।

सालों से गुमनामी के अन्हरिया में जीवन बीतावत मशहूर गणितज्ञ, बिहार के भोजपुर निवासी डॉ वशिष्ठ नारायण सिंह के जीवन दुनिया के सोझा आई। बेमारी से जूझत अवुरी लगभग एकांत में जीवन बीतावत वशिष्ठ नारायण सिंह के बारे में दुनिया के बतावे के जिम्मा मशहूर फिल्म निर्देशक प्रकाश झा लेले बाड़े।

वशिष्ठ बाबू के जीवन प फिल्म बनावे के घोषणा करत प्रकाश झा कहले कि अयीसन महान विभूति के समाज लगभग भूला गईल बा। उ कहले कि उनुका जीनिगी के फिल्मी पर्दा प उतारे खाती स्क्रिप्ट लिखे के काम शुरू हो गईल बा। मानल जाता कि लिखाई के काम खतम होखला के बाद ए फिल्म के कास्टिंग शुरू होई।

ए फिल्म के निर्माता विनय सिन्हा आ प्रीति सिन्हा होईहे, जबकि निर्देशन प्रकाश झा करीहे। गुरुवार के पटना में फिल्म के घोषणा प्रीति सिन्हा कहली, "हम पटना सिर्फ ए फिल्म के घोषणा करे आईल बानी।" विनय सिन्हा ए फिल्म से पहिले सलमान खान अवुरी आमिर खान के मुख्य भूमिका वाली 'अंदाज़ अपना अपना' के निर्माण क चुकल बाड़े।

वशिष्ठ नारायण सिंह से जुडल कुछ जानकारी

- वशिष्ठ नारायण सिंह के जन्म 2 अप्रैल, 1942 के भोजपुर के बसंतपुर गांव में भईल।
- पटना विश्वविद्यालय में बीएससी (आनर्स) के पहिला साल के पढ़ाई के दौरान के उ दूसरा साल के परीक्षा भी देले रहले।
- कैलिफोर्निया विश्वविद्यालय से 1969 में पीएचडी कईले।
- पीएचडी के बाद अमेरिकी संस्थान नासा में कुछ समय तक काम कईला के बाद शिक्षक के रूप में 1973 में उ भारत लवट अईले।
- वशिष्ठ बाबू के बियाह 1974 में भईल, जेकरा कुछ समय बाद उ बेमार हो गईले। बेमारी के कुछ साल बाद उनुकर पत्नी उनुका के छोड़ देली। ए दौरान उ एगो लंबा समय तक लापता रहले, लेकिन आज उ अपना गांव में रहतारे।

  • Share on:
Loading...