देवरिया बालिका गृह कांड: मायावती कहली- भाजपा शासित राज्य में असुरक्षा अवुरी दुर्दशा के माहौल

देवरिया बालिका गृह कांड: मायावती कहली- भाजपा शासित राज्य में असुरक्षा अवुरी दुर्दशा के माहौल

बिहार के मुजफ्फ़रपुर के बाद देवरिया के बालिका गृह कांड से उत्तर प्रदेश के राजनीति में भूचाल आ गईल। घटना में उत्तर प्रदेश के योगी आदित्यनाथ सरकार जांच के आदेश दे देलस लेकिन ए घटना के बाद विपक्ष प्रदेश के सरकार प सवाल खड़ा करतिया। एही कड़ी में अब बहुजन समाज पार्टी के सुप्रीमो मायावती प्रदेश के भाजपा सरकार प निशाना सधली।

बहुजन समाज पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष मायावती देवरिया के मां विंध्यवासिनी बालिका संरक्षण गृह मामला में भाजपा प हमला बोलत कहली कि बिहार के मुजफ्फरपुर निहन यूपी के देव​रिया बालिका गृह में महिला के शोषण अवुरी देह व्यापार के घिनौना कांड सोझा आईल बा।

उ कहली कि महिला के संगे जबरदस्ती देह व्यापार के घिनौना कांड इ साबित करता कि भाजपा के सरकार में कतना अधिका अराजकता बा।

बसपा सुप्रीमो केंद्र सरकार प सवाल उठावत कहली समूचा देश में असुरक्षा अवुरी दुर्दशा के माहौल बा। जवन समूचा देश खाती शर्म आ चिंता के बात बा। महिला सुरक्षा भारतीय जनता पार्टी के प्राथमिकता में शामिल नईखे। कानून व्यवस्था निहन महिला सुरक्षा आ सम्मान भी भाजपा खाती प्राथमिकता नईखे बालुक चिंता के आखिरी विषय बा। भाजपा शासित राज्य में पूरा जंगलराज बा।

बसपा सुप्रीमो मामल में कड़ा से कड़ा कानूनी कार्रवाई के मांग करत कहली कि इ बिना सरकारी संरक्षण के संभव नईखे। ए चलते सरकारी अधिकारी प कार्रवाई बहुते कड़ा से होखे के चाही।

मायावती कहली कि भाजपा के सरकार के बसपा शासन के उ जमाना जरूर याद क लेवे के चाही जब इलाहाबाद के गांव में एगो महिला के नंगा घुमावे प सीधा जिला के सबसे बड़ अधिकारी एसएसपी के निलंबित क दिहल रहे।

उ उत्तर प्रदेश सरकार प सवाल खड़ा करत कहली कि बिहार के घटना के बादो यूपी सरकार सुतल रहल अवुरी इ घटना ओहि के नतीजा ह।

  • Share on:
Loading...