फुल टॉस बॉल प नीतीश कुमार के एक विकेट गिर गईल, अभी बाउंसर, गुगली बाकिए बा: तेजस्वी यादव

फुल टॉस बॉल प नीतीश कुमार के एक विकेट गिर गईल, अभी बाउंसर, गुगली बाकिए बा: तेजस्वी यादव

राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के बेटा आ बिहार के पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव एक बेर फिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प जोरदार हमला बोलले। तेजस्वी मुजफ्फरपुर बालिका अल्पावास गृह में लईकिन संगे बलात्कार के मामला में कहले कि फुल टॉस बॉल प नीतीश कुमार के एक विकेट गिर गईल।

तेजस्वी यादव गुरुवार के अपना एगो ट्वीट में कहले कि, फुल टॉस बॉल प ही नीतीश जी के एक विकेट गिर गईल। अभी बाउंसर, गुगली, दूसरा अवुरी यॉर्कर त बाकिए बा।

राजद नेता कहले कि, "देखत रहब, विपक्ष के आक्रामक फील्डिंग अवुरी बॉलिंग के आगे बेचैनी में कहीं हिट विकेट आउट ना हो जाए।" तेजस्वी के इशारा मुजफ्फरपुर बालिका गृह में लईकिन से बलात्कार मामला में पति के फंसला के बाद समाज कल्याण मंत्री मंजू वर्मा के इस्तीफा से बा।

मुजफ्फरपुर कांड के खुलासा होखला के बाद बिहार के नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री नीतीश सरकार प लगातार हमला करतारे। एकरा से पहिले तेजस्वी कहले रहले कि विपक्षी दल के दबाव में आके नीतीश कुमार मामला के सीबीआई जांच के आदेश देले।

मंजू वर्मा के इस्तीफा प मंत्री विनोद नारायण झा कहले कि नैतिकता के आधार मंजू वर्मा इस्तीफा देले बाड़ी। तेजस्वी के अपना मामला में जनता के सफाई देवे के चाही। उ कहले कि तेजस्वी के त अपना सभे पद से इस्तीफा दे देवे के चाही। मालूम रहे कि बिहार सरकार में मंत्री रहल मंजू वर्मा बुधवार के मंत्री पद से इस्तीफा दे देली।

  • Share on:
Loading...