राहुल बेनामी संपत्ति के खिलाफ धरना काहें ना देले: सुशील मोदी

राहुल बेनामी संपत्ति के खिलाफ धरना काहें ना देले: सुशील मोदी

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी कहले कि लालू परिवार के बेनामी संपत्ति के खिलाफ कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी कबहू धरना काहें ना देले? उ कहले कि मुजफ्फरपुर बालिका कांड के मुख्य अभियुक्त ब्रजेश ठाकुर कबुल कईले कि उनुका कांग्रेस के समर्थन रहे। पार्टी उनुका के लोकसभा चुनाव में टिकट देवे वाली रहे।

दोसरा ओर राहुल गांधी बालिका गृह कांड प दिल्ली में धरना देके जनता के धोखा देत रहले। राहुल ओ लोग के संगे धरना प बईठल रहले, जे एक जनवरी 2008 के तीन जगह प लईकिन से छेड़खानी कईले रहले।

सुशील मोदी आगे कहले कि एनडीए दलित समाज के आदमी के राष्ट्रपति पद तक पहुंचवलस अवुरी लोकसभा में विधेयक ले आके एससी-एसटी कानून के मजबूत बनवलस। दलित संगठन भारत बंद वापस लेके प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नीति के प्रति भरोसा देखवलस।

  • Share on:
Loading...