संपत्ति खाती भाई अपना भाई के जान के दुश्मन बनल, गोली मार के हत्या

संपत्ति खाती भाई अपना भाई के जान के दुश्मन बनल, गोली मार के हत्या

जमीन अवुरी संपत्ति के विवाद में एगो भाई अपना भाई के जान के दुशमन बन गईल। पछिला कुछ साल से चलत विवाद में शुक्रवार के सबेरे बड़ भाई अपना छोट भाई के छाती में गोली मार देलस, जवना से ओकर जगहे प मौत हो गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक पटना जिला के बिहटा के शक्तिनगर में छोटन यादव के अपना छोट भाई रामाशंकर यादव से पछिला कुछ साल से जमीन अवुरी संपत्ति के मामला में विवाद चलत रहे।

बतावल जाता कि शुक्रवार के सबेरे ए मामला में दुनों भाई के बीच झगड़ा शुरू हो गईल। दुनों ओर से होखत बकझक के बीच मारपीट शुरू हो गईल। एही बीच छोटन आपन छोट भाई रामाशंकर के छाती में ताबतोड़ दु गोली मार देले। गोली चलवला के बाद छोटन मौका से फरार हो गईल। आसपास के लोग रामाशंकर के अस्पताल ले जाए के कोशिश कईले, लेकिन गोली लागे से उनुकर मौत हो गईल रहे।

ए मामला में बतावल जाता कि एकरा से पहिलहू एक बेर छोटन आपन भाई रामाशंकर प गोली चलवले रहले लेकिन ओ समय उन उनुकर जान बाच गईल रहे। रामाशंकर जमीन खरीदे-बेचे के काम करत रहले।

घटना के सूचना मिले प मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। फिलहाल पुलिस मामला के जांच पड़ताल में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...