हाई कोर्ट लालू यादव के पाँच दिन के राहत देत 20 अगस्त तक जमानत देलस

हाई कोर्ट लालू यादव के पाँच दिन के राहत देत 20 अगस्त तक जमानत देलस

राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के रांची हाईकोर्ट शुक्रवार के प्रोविजनल बेल के अवधि पाँच दिन खाती बढ़ा देलस। चारा घोटाला मामला में सजायाफ्ता लालू प्रसाद यादव के प्रोविजनल बेल के अवधि बढ़ावे जाए प शुक्रवार के सुनवाई करत रांची हाईकोर्ट 20 अगस्त तक जमानत दे देलस। संगही जमानत प इलाज करावत लालू यादव के जमानत अवधि बढ़ावे जाए के मामला में अगिला सुनवाई हाईकोर्ट में 17 अगस्त के होई।

चारा घोटाला मामला में सजायाफ्ता लालू यादव के प्रोविजनल बेल के अवधि बढ़ावे जाए के मामला प रांची हाईकोर्ट के न्यायधीश अपरेश कुमार सिंह के अदालत जमानत के अवधि बढ़ावे जाए के मामला प सुनवाई 17 अगस्त तक टाल देलस। लालू यादव के जमानत अवधि 14 अगस्त के खत्म होखे वाला रहे जवना के बढ़ा अदालत पांच दिन के राहत देत 20 अगस्त तक जमानत दे देलस।

मामला के सुनवाई के दौरान लालू प्रसाद के वकील बतवले कि लालू प्रसाद यादव के यूरिनल, डायबिटीज समेत कई तरह के बेमारी बा। उनुकर इलाज मुंबई के एशियन हार्ट इंस्टिट्यूट में चलता।

अदालत मौखिक रूप से कहलस कि लालू प्रसाद यादव सजायाफ्ता बाड़े। उ इलाज करवला के बाद घर में नईखन रह सकत। संगही अदालत मेडिकल रिपोर्ट प सीबीआई के जांच क जवाब दाखिल करे के निर्देश देलस।

  • Share on:
Loading...