फोटो: सावन मिलन समारोह में पटना के संगे-संगे आरा-छपरा के महिला के धमाल

सावन मिलन समारोह के आयोजन बिहार महिला विकास मंच पटना के ओर से राजधानी पटना के फ्रेज़र रोड में होटल कासा पिकोला में भईल।

सावन मिलन समारोह के आयोजन बिहार महिला विकास मंच पटना के ओर से राजधानी पटना के फ्रेज़र रोड में होटल कासा पिकोला में भईल।

बिहार के राजधानी पटना में एगो महिला संगठन के ओर आयोजित सावन मिलन समारोह में महिला हरिअर साड़ी, हरिअर चूड़ी, हाथ में मेंहदी अवुरी लिलार प कुमकुम सजा के शामिल भईली अवुरी सावन के स्वागत अपना खास अंदाज़ में कईली।

सावन मिलन समारोह में डीजे के धून प धमाल करत महिला।

राजधानी पटना के फ्रेज़र रोड में होटल कासा पिकोला में पांच अगस्त के बिहार महिला विकास मंच के ओर से आयोजित सावन मिलन समारोह के शुरूआत 'मोरनी बनके छम छम नाचूं …' जईसन गीत के संगे शुरू भईल।

सावन मिलन समारोह में डीजे के धून प धमाल करत महिला।

ए समारोह में दानापुर के सीमा गुप्‍ता के 'सावन के रानी' के उपाधि मिलल जबकि ऐश्‍वर्या अवुरी रश्मि के दूसरा आ तीसरा स्थान मिलल।

सावन मिलन समारोह में डीजे के धून प धमाल करत महिला।

ए कार्यक्रम में राजधानी पटना के अलावे भोजपुर, बक्‍सर, समस्‍तीपुर, दरभंगा, अवुरी सारण जिला से आईल महिला भी भाग लिहली।

सावन मिलन समारोह में शामिल महिला लोग के ग्रुप सेलफ़ी।

बिहार महिला विकास मंच के वीणा मानवी बतवली कि बिहार महिला विकास मंच अपना सामाजिक ज़िम्मेदारी के निबाहत हर साल जईसन अबकियों बेर सावन मिलन समारोह के आयो‍जन कईले बा।

सावन मिलन समारोह में डीजे के धून प धमाल करत महिला।

सावन मिलन समारोह में गीत-संगीत अवुरी डांस के आलावे मेंहदी प्रतियोगिता के आयोजन भईल।

सावन मिलन समारोह में डीजे के धून प धमाल करत महिला।

बिहार महिला विकास मंच समारोह में शामिल होखे आईल सभ महिला के स्वागत कईलस अवुरी ए भव्य आयोजन में सहयोग करेवाला सभ लोग के धन्यवाद देलस।

  • Share on:
Loading...