एगो आसान सवाल के जवाब देवे वाला छात्र के 1 लाख रुपया मिल सकता

एगो आसान सवाल के जवाब देवे वाला छात्र के 1 लाख रुपया मिल सकता

भारत के मशहूर उपभोक्ता उत्पाद बनावे वाली कंपनी कोलगेट पॉमोलिव (इंडिया) लिमिटेड अपना सालाना छात्रवृति योजना के तहत देश के 500 छात्र के एक लाख रुपया तक के छात्रवृति (स्कॉलर्शिप) देवे के घोषणा कईलस।

कोलगेट पॉमोलिव के ओर से साल 2009 में शुरू भईल ए छात्रवृति योजना के तहत देश के 100 शहर में रहेवाला हजारों छात्र के लाभ मिल चुकल बा। छात्र के उज्ज्वल भविष्य खाती जरूरी रकम देवे वाली ए योजना के दसवां संस्करण, माने अबकी साल 500 से जादे छात्र के एक लाख तक के छात्रवृति देवे के लक्ष्य बाटे।

एकरा अलावे कंपनी के ऑफर पैक के संगे हरेक छात्र के मुफ्त में ओकरा क्लास के मुताबिक स्टडी मटिरियल (नोट्स) देवे के योजना बा।

मिलल जानकारी के मुताबिक पछिला तीन साल में कोलगेट के ए योजना में करीब डेढ़ करोड़ छात्र शामिल भईले। अकेले 2017 में करीब 9 लाख छात्र के कवनो ना कवनो रूप से लाभ मिलल, जवना में सबसे प्रमुख BYJU's के स्टडी मटिरियल सबसे प्रमुख बाटे।

चौथा क्लास से लेके बारहवाँ क्लास तक के हरेक छात्र के कंपनी ऑफर पैक के संगे BYJU's के स्टडी मटिरियल पूरा तरह से मुफ्त में देतीया। परीक्षा में बढ़िया नंबर पावे में मददगार ए स्टडी मटिरियल में मैथ (गणित) अवुरी साइन्स (विज्ञान) के छात्र खाती विशेष तौर प तैयार कईल विडियो शामिल ब।

कोलगेट पॉमोलिव (इंडिया) लिमिटेड के प्रबंध निदेशक इसम बचलनी कहले, "कोलगेट हमेशा से मानत आईल बा कि सभ केहु बढ़िया भविष्य के हकदार बा। हमनी के सालाना छात्रवृति कार्यक्रम एही सोच के नतीजा बाटे। इ कार्यक्रम हर साल, पछिला साल के मुक़ाबले बढ़त गईल। ए साल छात्रवृति पावे वाला छात्र के संख्या में बढ़ोतरी के संगे BYJU's के लर्निंग एप संगे साझेदारी भी शामिल बिया।"

उ कहले कि कंपनी के कोशिश बा कि सभके बढ़िया शिक्षा मिले अवुरी एही कोशिश के तहत कंपनी ऑफर पैक जारी कईले बिया जवन की BYJU's के लर्निंग एप में उपलब्ध स्टडी मटिरियल मुफ्त में उपलब्ध कराई।

कोलगेट पॉमोलिव के छात्रावृति योजना में भाग लेवे खाती टोल फ्री नंबर 1800 313 4575 प मिस कॉल करी अवुरी दांत के सुरक्षा से जुडल से एगो आसान सवाल के जवाब दिही। सवाल के सही जवाब देवे वाला छात्र में से छात्रवृति पावे वाला छात्र के चुनाव होई। ए कार्यक्रम में भाग लेवे के अंतिम तारीख 30 सितंबर 2018 बाटे।

एकरा अलावे कंपनी के स्कॉलर्शिप ऑफर पैक के संगे हरेक छात्र के BJYU’s के स्टडी मटिरियल मुफ्त में मिली।

इ स्कॉलर्शिप पैक कोलगेट डेंटल क्रीम के (50 ग्राम भा एकरा से ऊपर के पैक), कोलगेट एक्टिव साल्ट (100 ग्राम आ 200 ग्राम के पैक), कोलगेट एक्टिव साल्ट लेमन (100 ग्राम आ 200 ग्राम के पैक), कोलगेट एक्टिव साल्ट नीम (100 ग्राम आ 200 ग्राम के पैक), कोलगेट सीबाका (80 ग्राम आ 175 ग्राम के पैक) अवुरी कोलगेट सीबाका वेदशक्ति (80 ग्राम आ 175 ग्राम के पैक) के संगे उपलब्ध बा।

ADVERTORIAL: Above article may be published under paid contract, please verify facts before taking any decision based on this article.

  • Share on:
Loading...