युवक अपना छरहर पत्नी के देह के सौदा डेढ़ लाख रुपया में कईलस

युवक अपना छरहर पत्नी के देह के सौदा डेढ़ लाख रुपया में कईलस

पति-पत्नी के संबंध लालच के सोझा छोट पर गईल अवुरी एगो युवक अपना पत्नी के देह व्यापार में ढकेले खाती सौदा क देलस। हैरानी के बात बा कि युवक अपना योजना के मुताबिक पत्नी के बेचे में नाकाम होखला प ओकर हत्या करे के ठनले रहे। हालांकि समय रहते पुलिस मौका प पहुँच गईल अवुरी आरोपी युवक के गिरफ्तार क लेलस।

घटना राजधानी दिल्ली में भईल। ए घटना में एगो युवक अपना पत्नी के बेचे खाती दिल्ली ले आईल। सबकुछ तय क लेलस, लेकिन अंतिम क्षण में मामला बिगड़ गईल। बतावल जाता कि युवक दिल्ली के देह व्यापार के केंद्र कहाए वाला जीबी रोड के एगो कोठा प अपना पत्नी के बेचल चाहत रहे।

हरियाणा के पानीपत निवासी सद्दाम नाम के 23 साल के युवक प आरोप बा कि उ अपना पहिली पत्नी के धोखा देके दुसरका बियाह क लेलस, जवना के उ बेचे खाती दिल्ली के जीबी रोड के एगो कोठा प पहुंचल रहे।

बतावल जाता कि युवक अपना पहिली पत्नी के मोटापा से परेशान रहे अवुरी एकरे चलते दोबारा बियाह कईलस लेकिन बियाह के तुरंत बाद से युवक अवुरी दुसरकी पत्नी के बीच मतभेद हो गईल। एही मतभेद के चलते आरोपी अपना दुसकरी पत्नी से जान छोड़ावल चाहत रहे।

एही योजना के तहत अपना एगो रिश्तेदार से मिले के बहाना सद्दाम अपना दुसरकी पत्नी के लेके दिल्ली आईल। दिल्ली पहुंचला के बाद सद्दाम जीबी रोड के एगो कोठा प पहुंचल अवुरी अपना पत्नी के सौदा करे लागल। कीमत तय भईल 1 लाख, 50 हज़ार रुपया।

एही बीच दिल्ली पुलिस के एकर भनक लाग गईल अवुरी पुलिस कोठा मालिक के अपना भरोसा में लेके खुद सौदा करे बईठ गईल। सद्दाम जसही दोबारा उहाँ पहुंचल पुलिस फेर से मोलभाव शुरू क देलस। अबकी बेर कीमत तय भईल 1 लाख, 20 हज़ार रुपया।

सौदा के मुताबिक सद्दाम अपना पत्नी के खुद कोठा प छोड़त पईसा लेके जाए वाला रहे। ऐने ए सभ से अंजान सद्दाम जब अपना पत्नी के ले आवे खाती बहरी निकलल त पुलिस ओकर पीछा कईलस अवुरी महिला के बरामद करत सद्दाम के गिरफ्तार क लेलस।

गिरफ्तारी के बाद पूछताछ के दौरान सद्दाम पुलिस के बतवले कि दुसरका बियाह के बाद उनुकर जीअल मुश्किल हो गईल रहे। उनुकर दुनो पत्नी हमेशा आपस में लड़त रहली, जवना से तंग आके उ दुसरकी पत्नी के राह से हटावे के फैसला कईले।

सद्दाम के मुताबिक उनुकर पहिली पत्नी बहुत मोट बाड़ी, जवन की उनुका निक ना लागत रहे। एही चलते उ दुसरका बियाह कईले, लेकिन दुसरकी पत्नी के आवते घर में कलह होखे लागल। सद्दाम के मुताबिक जदी कोठा प सौदा ना होखे पाईत त उ अपना दुसरकी पत्नी के हत्या करे के योजना भी बनवले रहले।

  • Share on:
Loading...