ग्राहक सेवा केंद्र के संचालक के गोली मार के हत्या, बादमाश 2 लाख रुपया लूट के फरार

ग्राहक सेवा केंद्र के संचालक के गोली मार के हत्या, बादमाश 2 लाख रुपया लूट के फरार

बिहार के भोजपुर में बाइक सवार अपराधी सीएसपी संचालक के लूट के दौरान गोली मार के हत्या क देले। मामला के सूचना मिलते पुलिस मौका प पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके छानबीन में जुट गईल।

जानकारी के मुताबिक, भोजपुर जिला के जगदीशपुर थाना क्षेत्र में सोमवार के नरायणपुर गांव के नजदीक पंजाब नेशनल बैंक के सीएसपी संचालक के अपराधी सरेआम गोली मार के मुआ देले अवुरी दु लाख रुपया लूटला के बाद बादमाश हथियार लहरावत आराम से फरार हो गईले।

बतावल जाता कि बीमवा गांव निवासी पीएनबी ग्राहक सेवा केंद्र के संचालक राकेश कुमार जगदीशपुर पीएनबी शाखा से 2 लाख रुपया निकाल के मोटरसाइकल से अपना घरे जात रहले।

एही बीच मोटरसाइकिल प सवार 6 हथियारबंद बदमाश नारायणपुर गांव के भीरी राकेश कुमार के रोक लिहले अवुरी दिनदहाड़े गोली मार के घाही क देले। बतावल जा कि लूटेरा गोली मरला के बाद राकेश के लगे से 2 लाख रुपया लूट के उहाँ से फरार हो गईले।

घटना के जानकारी मिलते स्थानीय लोग मौका प पहुंच के घाही राकेश के तुरंत इलाज खाती आरा के सदर अस्पताल पहुंचवले जहां डॉक्टर उनुका के मरल बता देले।

ए मामला के सूचना मिलला के बाद स्थानीय जगदीशपुर थाना पुलिस घटनास्थल प पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके घटना के छानबीन में जुट गईल।

  • Share on:
Loading...